पटना के वेनिस बना दिहिस है सुशासन बाबू

0
502
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

इ विडियो सोशल मिडिया पर बहुत वायरल हो रहल बा… जल प्रलय में डूब गइल बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सुशासन. पटना के हालत देखके के इ साफ हो गईल बा कि नकली विकास आ दिखावटी व्यवस्था आखिर कब ले टिकी. गंगा किनारे पानी के जहाज़ लगाके आ ओकरा में कैफे खोल देवे से वेनिस ना बन जायी. इ जल प्रलय सुशासन बाबू के विकास अउर स्वच्छ भारत अभियान के पोल खोल के ध देले बा. जल प्रलय में अबकी त सुशासन बाबू के पास चूहा के बहाना भी नईखे बचल. नाली-तालाब में शराब के तैरत बोतल अइसन लागता कि जईसे मृत प्रशासन के सड़ल छुपावल लाश पानी में फूलके ऊपर आ गईल बा.

PATNA VENISबिहार में कई जिलों में आईल भयानक बाढ़ से हजारों लोग घर से बेघर हो गईल बाड़न. आमजन जीवन अस्त-व्यस्त हो गईल बा. एह बीच मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहनाम बा कि इ एगो प्राकृतिक आपदा ह, एकरा में हम कुछ ना कर सकीला. त का नीतीश बाबू के सुशासन भी एह जल प्रलय में डूब गइल बा?

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here