गुडगाँव में डॉ. राजेंद्र प्रसाद जयंती पर मैथिली ठाकुर बंधली समां

0
550
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

गुरुग्राम में,रविवार के शाम भोजपुरी महाकुंभ के नाम रहल। सोशल मीडिया पर चर्चित गायिका मैथिली ठाकुर आउर अभिनेत्री अक्षरा सिंह कार्यक्रम में धूम मचईली।

रविवार के शाम गुरुग्राम में भोजपुरी महाकुंभ के नाम रहल। सोशल मीडिया पर चर्चित गायिका मैथिली ठाकुर आउर अभिनेत्री अक्षरा सिंह कार्यक्रम में धूम मचईली। सेक्टर 37 आउर 38 में आयोजित एह दुनू कार्यक्रम में काफी संख्या में दर्शक के उपस्थिति रहल।

प्रवासी एकता मंच के सौजन्य से रविवार के सेक्टर-38, राजीव चौक ताऊ देवीलाल स्टेडियम में भारत के प्रथम राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के जयंती समारोह सह भोजपुरी महाकुंभ के आयोजन कईल गईल रहल जवना में बिहार के प्रसिद्ध गायिका मैथिली ठाकुर आउर गोलू राजा के गीत सुने खातीर भीड़ उमड़ पड़ल। लोग इनकरा गाना पर जमके ठुमका भी लगवले। मैथिली ठाकुर आउर गोलू राजा के गीत सुने खातीर लोग स्टेडियम में देर रात जमल रहल। कवि सम्मेलन के भी आयोजन कईल गईल। एह बीच गुरुग्राम के करीब 20 पूर्वाचली संस्था, छठ पूजा समिति के पदाधिकारी, समाजसेवी, प्रशासनिक पदाधिकारी आउर बुद्धिजीवी लोग के सम्मानित भी कईल गईल। समारोह में पूर्व मेजर जनरल जीडी बक्शी, आध्यात्मिक संत व वीर चक्र से सम्मानित पायलट बाबा, गुरुग्राम के विधायक सुधीर सिगला, बादशाहपुर के विधायक राकेश दौलताबाद, हरियाणा डेयरी विकास प्रसंघ के चेयरमैन जीएल शर्मा, भाजपा पूर्वांचल प्रकोष्ठ के प्रदेश संयोजक अंगद चौरसिया, पूर्व विधायक सुखबीर कटारिया, गुरुग्राम के डीसीपी शशांक कुमार सावन, डीसी कस्टम गुरुग्राम आर के अग्रवाल, पूर्वांचल पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुकेश सिंह, वीर कुंवर सिंह फाउंडेशन के अध्यक्ष निर्मल सिंह, फिल्म अभिनेता राज चौहान समेत कई गणमान्य लोग मौजूद रहल। कार्यक्रम के अध्यक्षता प्रवासी एकता मंच के अध्यक्ष सत्येन्द्र सिंह कईलन जबकि मंच के संचालन विजय बहादुर सिंह कईलन।

कार्यक्रम में मैथिली ठाकुर, गोलू राजा के अलावा अंजना आर्य, मनोहर सिंह, कौशल किशोर झा, गुरुग्राम के भोजपुरी कलाकार साथी उमेश, राजू राज समेत कई कलाकार आपन प्रस्तुति देहलन। एह मौका पर कवि सम्मेलन के भी आयोजन कईल गईल जवना में मनोज भावुक, रश्मि प्रियदर्शिनी समेत कई कवि शामिल भईलन। कार्यक्रम के प्रारंभ डॉ राजेन्द्र प्रसाद के तस्वीर पर माल्यार्पण आउर दीप प्रज्जवलन के बाद शुरू भईल।

सेक्टर 37 स्थित हरियाणा शहरी विकास प्राधिकरण के मैदान में पूर्वांचल एकता मंच के ओर से दू दिवसीय भोजपुरी महाकुंभ के आयोजन कईल गईल। एह कार्यक्रम में मैथिली ठाकुर के साथे लगभग डेढ़ दर्जन लोक कलाकार कार्यक्रम प्रस्तुत कईलन। कार्यक्रम के बादशाहपुर के विधायक राकेश दौलताबाद, पायलट बाबा, कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि सत्यम सुदर्शन आउर पूर्वांचल एकता मंच के अध्यक्ष संजय सिंह दीप प्रज्जवलित कके कईलन। कार्यक्रम में मैथिली ठाकुर, गोलू राजा, रत्नेश तिवारी, साथी उमेश, अदिति राज, शिव कुमार यादव, सुनील, कार्तिक समेत करीब 20 लोक कलाकार कार्यक्रम कईलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here