नवरात्र में जरूर करीं इ नौ काम

0
1188
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नवरात्रि में मां दुर्गा के अगल-अगल स्वरूप के पूजा करे खातिर कुछ विशेष बात के ध्यान रखल जाला। अगर आप उपवास में बानी त पूरा विधी विधान से एकर अनुसरण आपके जीवन में बहुत फायदा दिला सकेला। नवरात्री पर्व के दौरान जइसे कई काम कइला वर्जित होला ठीक ओइसही कुछ काम अइसन भी बा जेकरा कइला से आपके जीवन में सब शुभ-मंगल ही होई।

त चली जानन जाए कौन काम ह शुभ-मंगल के द्वार

  1. नवरात्रि के दौरान सबेरे जल्दी उठे के चाहि
  2. स्नान कइला के बाद घर के दरवाजा के बाहर पानी छिड़के के चाहि, काहे कि मानल जाला कि देवी साफ-सुथरा घर देख के प्रसन्न होली।
  3. अगर आप नौ दिन के उपवास रखले बानी त देवी दुर्गा के सामने अखंड जोत जलाई।
  4. नौ दिन तक सात्विक भोजन ही करे के चाहि
  5. मन्दिर में सुबह-शाम नियमित रूप से दिया जलाई
  6. नवरात्री में नियमित रूप से दुर्गा चालिसा के पाठ करें के चाहि
  7. देवी के घर में बनल प्रशाद के ही भोग चढ़ावे के चाहि, अगर संभव ना हो त ताजा दूध और फल भी चढ़ा सकेनी।
  8. 10 साल से कम उम्र के कन्या के देवी के रूप मानल जाला, नवरात्री में रोज दो कन्या के उपहार देवे के चाहीं।
  9. पूरे नवरात्रि में देवी से श्रद्धा भाव के साथ प्रार्थना करे के चाहि, ताकि उनकर आशिर्वाद आप सबन पर सदैव बनल रहे।
Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here