मां दुर्गा के कृपा के शुभ संकेत के बारे में जानीं

0
1933
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

मां दुर्गा के विशेष पर्व नवरात्र चल रहल बा। इ नवरात्री में अगर आप सबे के कवनों मनोकामना के साथ माता के आशिर्वाद पावे खातिर उनकर विधीवत पूजा-पाठ कर रहल बानी त माता रानी आप सबे के कुछ अइसन संकेत देली जेकरा से आसानी से जानल जा सकेला कि माता के कृपा आप पर बा की ना। आइ हम आपके बताइ कि कवन सकेंत आपके बताइ कि मां के कृपा आप पर बा की ना।

नवरात्री में भक्त बड़ा प्रेम और उत्साह से मां के पूजा अर्चना करेलन अउर मां भी अपने भक्तन पर आपन आपार कृपा रखेली। नवरात्री में अगर कहीं राह में आपके 16 श्रृंगार कइल औरत दिखाई दे जाए त समझी की आपके परेशानी के दिन अब लद गइल बा। अब आपके जीवन में मां लक्ष्मी के आपार कृपा बरसे वाला बा।

नवरात्र के अवसर पर अगर सवेरे-सवेरे नारियल और कमल के फूल दिखाइ दे त समझ ली कि आपके उपर माई दुर्गा के कृपा होखे वाला बा।

हिन्दु धर्म में गाय के माता के दर्जा दीहल गइल बा। नवरात्री में यदि आपके मंदिर से निकलला के साथ ही गउ माता के दर्शन हो जाए त समझ ली कि जल्द ही आपके सभी मनोकामना पूरा होखे वाला बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here