लक्ष्मी गणेश के मूर्ति खरीदत समय कौने बात के रखल जाव ध्यान ?

0
558
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

दिवाली पर धन के देवी लक्ष्मी अउर बुद्धि के देवता गणपति के पूजा कइल जाला। एह बार दिवाली 27 नवंबर के बा। डाइनामाइट न्यूज़ के एह रिपोर्ट में पढ़ीं दिवाली पर गणेश-लक्ष्मी की मूर्ति खरीदत समय कवने बात के ध्यान रखेक चाहिं…

लक्ष्मी के मूर्ति खरीदत समय रखीं इ ध्यान

-दिवाली के मौका पर याद रखीं की जब भी आप मूर्ति खरीदे जा तानी त लक्ष्मी मां के अईसन प्रतिमा न खरीदीं जवने में लक्ष्मी उल्लू पर विराजमान होखे। अईसन लक्ष्मी मां के प्रतिमा के काली लक्ष्मी के प्रतीक मानल जाला।

– मां लक्ष्मी के अईसन प्रतिमा खरीदीं जवने में माँ लक्ष्मी कमल पर विराजमान होखें। उनके हाथ वरमुद्रा में होखे अउर धन के वर्षा करत होखे।

– याद रखीं कबो भी मां लक्ष्मी के अईसन प्रतिमा न खरीदीं जवने में उ खड़ा होखें।

गणेश मूर्ति खरीदत समय रखीं एह बात के ध्यान

दीपावली के मौका पर प्रतिमा खरीदत समय ध्यान रखीं कि लक्ष्मी गणेश कभी भी एक साथ जुड़ल नाहीं रहें।

– लक्ष्मी और गणेश के अईसन मूर्ति लेवेक चाहिं, जवने में दोनो विग्रह अलग-अलग होंखें।

– गणेश जी के हाथ में मोदक वाला मूर्ति खरीदीं। अईसन मूर्ति सुख-समृद्धि के प्रतीक मानल जाला।

– जब भी गणेश जी के मूर्ति खरीदीं याद रखीं कि ओहमें उनके वाहन मूषक जरूर होखे।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here