लक्ष्मी गणेश के मूर्ति में केकर कहां बा स्थान ?

0
910
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

का आपके पता बा कि मां लक्ष्मी के मूर्ति रखे के सही तरीका का होला? का आपके घर में सही स्थान पर रखल बा मूर्ति? गलत स्थान पर रखल मूर्ति फायदा का जगह नुकसान कर सकेला। शास्त्र में माता लक्ष्मी के धन के देवी मानल गईल बा। लोग मां लक्ष्मी के कृपा पावे के खातीर तरह-तरह के उपाय करके प्रसन्न करे के कोशिश करेलन। एकरा खातीर लोग घर पर मां लक्ष्मी के मूर्ति रखेलन, एही से आपके खातीर इ जानल जरूरी बा कि देवी लक्ष्मी के मूर्ति के रखले के सही तरीका का होला?

1- पूजा घर में माता लक्ष्मी के मूर्ति जरूर होला, लेकिन कई बार लोग भूलवश देवी लक्ष्मी के खड़ा अवस्था में प्रतिमा रख देलन, लेकिन नाहीं रखेक चाहिं। माता के एह स्वरूप में करे जाए वाला पूजा फलित नाहीं होला।

2, के अनुसार देवी लक्ष्मी चंचल होली एही से कबो भी उनके खड़ा अवस्था में मूर्ति रखले पर उ वोह स्थान पर ज्यादा देर तक नाहीं टिकेली। परदम घर पर माता लक्ष्मी के बईठल प्रतिमा के रखेक चाहिं।

3- माता लक्ष्मी के वाहन उल्लू होला अउर उल्लू भी चंचल स्वभाव के होला एहि से देवी लक्ष्मी के मूर्ति कबो उल्लू पर बईठल अवस्था में नाहीं रखेक चाहिं।

4-अधिकतर घर पर माता लक्ष्मी के मूर्ति भगवान गणेश जी के साथ रखल दिखाई पड़ेला। एह तरह से रखल गलत ह। दरअसल माता लक्ष्मी भगवान विष्णु के पत्नी हई एहि से माता लक्ष्मी के मूर्ति के साथ विष्णु जी के रखेक चाहिं।

5-भगवान गणेश अउर माता लक्ष्मी के सिर्फ दीपावली के दिन ही एक साथ रखेक चाहिं। दीवाली के दिन घर पर सुख-समृद्धि लावे के खातीर माता लक्ष्मी अउर भगवान गणेश जी के एक साथ पूजा करेक चाहिं।

6- माता लक्ष्मी के मूर्ति के कबो दीवार से सटाकर नाहीं रखेक चाहिं। वास्तु में एके दोष के तरह से देखल जाला। मूर्ति और दीवार के बीच दूरी बनाके रखेक चाहिं।

7- वास्तु के अनुसार, पूजा घर अउर ओमें रखल देवी-देवता के मूर्ति के सही दिशा में रखेल बेहद जरूरी होला। देवी लक्ष्मी के मूर्ति के हमेशा उत्तर दिशा में रखेक चाहिं, तबे जाके शुभ फल के प्राप्ति होला।

8- कई लोग अपनी पूजा घर में देवी लक्ष्मी के एक से ज्यादा मूर्ति अउर तस्वीर रखेलन, जवने के शास्त्र में वर्जित मानल गईल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here