डर के यूनिवर्सिटी ‘खतरों के खिलाडी’ में रस्मी के धमाल, दिहे जोरदार टक्कर

0
816
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

खतरों के खिलाड़ी के सीजन 10 शुरू हो गईल बा आउर दर्शक लोग के भरपूर मनोरंजन भी कर रहल बा. अब खबर आ रहल बा कि खतरों के खिलाड़ी के एगो आउर सीजन शुरू हो सकेला. शो में डर के अलग ही लेवल देखे के मिली.

टीम खतरों के खिलाड़ी
टीम खतरों के खिलाड़ी

खतरों के खिलाड़ी के सीजन 10 शुरू हो गईल बा आउर दर्शक लोग के डर के दस गुना ज्यादा अहसास महसूस भी हो रहल बा. शो में सभी कंटेस्टेंट एक दूसरे के कांटे के टक्कर भी दे रहल बाड़े आउर अपने डर पर जीत दर्ज करे के कोशिश भी कर रहल बाड़े. खतरों के खिलाड़ी के हर सीजन सुपरहिट साबित भईल बा.

शुरू होई खतरों के खिलाड़ी ऑल स्टार सीजन…..

अभी त खतरों के खिलाड़ी सीजन 10 खत्म भी ना भईल कि अब एगो आउर खबर सामने आ गईल बा. एह बार दर्शकों के खतरों के खिलाड़ी के एक नया वर्जन भी परोल जाई. कलर्स खतरों के खिलाड़ी ऑल स्टार सीजन शुरू करे के तैयारी में बा. एह शो में खतरों के खिलाड़ी के एक्स कंटेस्टेंट्स के फेरु से शो के हिस्सा बनाईल जाई आउर उनके सामने रखल जाई ढेर  सारा नया चुनौती.

रश्मि देसाई होईहन शो के हिस्सा…..

खतरों के खिलाड़ी ऑल स्टार सीजन में कई बड कंटेस्टेंट हिस्सा लेत दिखाई दे रहल बाड़े. बिग बॉस 13 में बेहतरीन गेम खेले वाली रश्मि देसाई भी एह शो के हिस्सा बनीहे. उनके अलावा करण पटेल भी एह शो के साथ जुडिहन.

पहीले अटकल लगवल जा रहल कि रश्मि देसाई के अलावा शो में सिद्धार्थ शुक्ला भी हिस्सा लिहे. लेकिन खबरों के मानी त ई नया शो के हिस्सा सिर्फ एक्स कंटेस्टेंट्स के ही बनावल जाई. खतरों के खिलाड़ी के विजेताओं के ई शो के साथ ना जोड़ल जाई.

वैसे खबर त ई भी सामने आईल कि ऐ नया शो के साथ केतना बड़ नाम जुड़ रहल बा लेकिन करण पटेल के होत दिखाई दे रहल बा सबसे ज्यदा फायदा. उनके मेकर्स सबसे ज्यादा पैसा दे रहल बाड़े. उनके एक एपिसोड के 5-6 लाख रुपये मिले के अनुमान बा.

अगर खतरों के खिलाड़ी सीजन 10 के बात करी त ई बुलगारिया में शूट होखे जा रहल बा. शो में करण पटेल, करिश्मा तन्ना, अदा खना, शिविन नारंग, धर्मेश, आर जे मलिष्का आउर तेजस्वी प्रकाश हिस्सा ले रहल बाड़े.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here