अफवाह – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Fri, 10 Apr 2020 16:33:58 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 बेलन से भागी कोरोना? https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/corona-rumour-in-bihar-3613 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/corona-rumour-in-bihar-3613#respond Fri, 10 Apr 2020 16:30:11 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=3613 भारतीय घर मे बेलन के उपयोग आज से नइखे होत। रोटी, पराठा,पूड़ी, गुझिया चाहे अउरी तमाम व्यंजन के असली रूप बेलन से ही मिलेला। ना सिर्फ खान-पान बल्कि महतारी लोग के क्रोध जब भड़केला,तबो बेलन लइकन के धमकावे के खूब काम आवेला। हंसी-मजाक में त ईहो कहल जाला कि सुघड़ गृहिणी बेलन से खाली रोटी […]

The post बेलन से भागी कोरोना? appeared first on Gahana Live.

]]>
भारतीय घर मे बेलन के उपयोग आज से नइखे होत। रोटी, पराठा,पूड़ी, गुझिया चाहे अउरी तमाम व्यंजन के असली रूप बेलन से ही मिलेला। ना सिर्फ खान-पान बल्कि महतारी लोग के क्रोध जब भड़केला,तबो बेलन लइकन के धमकावे के खूब काम आवेला। हंसी-मजाक में त ईहो कहल जाला कि सुघड़ गृहिणी बेलन से खाली रोटी ना बल्कि पतिदेव के भी घुमावत रहेली।
आज जब पूरा दुनिया मे कोरोना के कहर बा,भारतीय रसोई घर से ईहे बेलन के लोग सहारा लेता। अभी अभी पता चलल ह कि बिहार में बहुत लोग कोरोना के भगावे के उपाय के नाम पर बेलन अउरी चौकी के तस्वीर अपलोड कर रहल बा। गहना लाइव के नियमित पाठक राहुल मिश्र जी ई खबर देत बतवनीं हं कि बिहार में उनुकर सब रिस्तेदार लोग लगभग अइसनके फ़ोटो भेज रहल बा। बतावल जा रहल बा कि चावल अउरी फुल रख के लक्ष्मी माँ के प्रणाम कर के चौकी के ऊपर बेलन के पांच मुठी चावल में खड़ा कर देहल जाता।
बहुत लोग अपना घर के मंदिर में शिव जी के प्रणाम कर के चौकी के ऊपर बेलन खड़ा कर देता। लोग में ई मान्यता बहुत तेजी से फइल रहल बा कि अइसन कईला से कोरोना ना होई अउरी होई त भाग जाई।
गहना लाइव अपना पाठक अउरी दर्शक लोग से निहोरा कर रहल बा कि अइसन अफवाह पर ध्यान मत दीं। लॉक डॉउन के गंभीरता से पालन करीं अउरी साफ-सफाई के भरपूर ध्यान रखीं।

The post बेलन से भागी कोरोना? appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/corona-rumour-in-bihar-3613/feed 0