बेलन से भागी कोरोना?

0
1105
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भारतीय घर मे बेलन के उपयोग आज से नइखे होत। रोटी, पराठा,पूड़ी, गुझिया चाहे अउरी तमाम व्यंजन के असली रूप बेलन से ही मिलेला। ना सिर्फ खान-पान बल्कि महतारी लोग के क्रोध जब भड़केला,तबो बेलन लइकन के धमकावे के खूब काम आवेला। हंसी-मजाक में त ईहो कहल जाला कि सुघड़ गृहिणी बेलन से खाली रोटी ना बल्कि पतिदेव के भी घुमावत रहेली।
आज जब पूरा दुनिया मे कोरोना के कहर बा,भारतीय रसोई घर से ईहे बेलन के लोग सहारा लेता। अभी अभी पता चलल ह कि बिहार में बहुत लोग कोरोना के भगावे के उपाय के नाम पर बेलन अउरी चौकी के तस्वीर अपलोड कर रहल बा। गहना लाइव के नियमित पाठक राहुल मिश्र जी ई खबर देत बतवनीं हं कि बिहार में उनुकर सब रिस्तेदार लोग लगभग अइसनके फ़ोटो भेज रहल बा। बतावल जा रहल बा कि चावल अउरी फुल रख के लक्ष्मी माँ के प्रणाम कर के चौकी के ऊपर बेलन के पांच मुठी चावल में खड़ा कर देहल जाता।
बहुत लोग अपना घर के मंदिर में शिव जी के प्रणाम कर के चौकी के ऊपर बेलन खड़ा कर देता। लोग में ई मान्यता बहुत तेजी से फइल रहल बा कि अइसन कईला से कोरोना ना होई अउरी होई त भाग जाई।
गहना लाइव अपना पाठक अउरी दर्शक लोग से निहोरा कर रहल बा कि अइसन अफवाह पर ध्यान मत दीं। लॉक डॉउन के गंभीरता से पालन करीं अउरी साफ-सफाई के भरपूर ध्यान रखीं।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here