बॉलीवुड – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Wed, 26 Feb 2020 10:57:25 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में आइल निखार https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/a-great-revolutation-in-bhojpuri-film-industry-gahana-3200 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/a-great-revolutation-in-bhojpuri-film-industry-gahana-3200#respond Wed, 26 Feb 2020 10:50:35 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=3200 The post भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में आइल निखार appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री साठ के दशक से लेके आज ले लगातार भोजपुरी फिल्म के निर्माण कर रहल बा। हालांकी पहिले के अपेक्षा भोजपुरिया सिनेमा के विकास में अब कुछ साल से अधिक बढोत्तरी भईल बा।

एगो वक्‍त रहे जब भोजपुरी सिनेमा के बारे में इ आम धारणा रहे कि हीरो के बदौलत ही इंडस्‍ट्री चल रहल बा। तब अइसन में इंडस्‍ट्री में हीरो के ज्‍यादा तरजीह मिलत रहे। ओह समय में सिनेमा के बाकी कलाकार लोग के ना त सम्‍मान मिलत रहे अउर ना ही दाम। ओह समय में निर्माता–निर्देशक के लागता रहे कि फिल्‍म त हिरो ही हिट करइहे। अउर जादे कुछु भईल त दुअर्थी संवाद फिल्‍म के नइया पार लगा दी। बाकी एह सबके चलते भोजपुरी सिनेमा के स्‍तर लगातार गिरत गइल अउर तकनीक के एह युग में दर्शक बॉलीवुड अउर दुसर इंडस्‍ट्री के सिनेमा के ओर देखे लागल।

अवधेश मिश्रा
अवधेश मिश्रा

भोजपुरी बॉक्‍स ऑफिस पर अइसन निराशा के घड़ी में साल 2017 में एगो फिल्‍म आइल ‘मेंहदी लगा के रखना’। इ ओही फिल्‍म बा, जेकरा देखके दर्शक लोग के लागल कि एह फिल्‍म में सभे कलाकार के भूमिका महत्‍वपूर्ण बा। हीरो से जादे एह सिनेमा में चरित्र अभिनेता फ्रंट फुट पर नजर अइलें।

एकर श्रेय भोजपुरी में अबले विलेन के किरदार में नजर आवे वाला अभिनेता अवधेश मिश्रा के जाला। उहां के एह फिल्‍म से एगो अइसन परंपरा के शुरुआत कर दीहनीं, जहवां हीरो से जादे चरित्र अभिनेता के तरजीह मिले शुरू हो गईल। जेकरा बाद डमरू, संघर्ष, विवाह जइसन कईठे फिल्‍म कथानक प्रधान फिल्‍म के ट्रेंड सेट कर दिहलस। संयोग से इ सभे फिल्‍म में अवधेश मिश्रा भी नजर अइलें। आज कथानक के प्रधानता वाली तमाम बड़हन सिनेमा में अवधेश मिश्रा नजर आवेलन। एकरे अलावा सुशील सिंह, संजय पांडेय, देव सिंह, रोहित सिंह मटरू जइसन कईठे कलाकार के इंडस्‍ट्री में पूछ बढ़ गई। अवधेश मिश्रा के पहिले खलनायक लोग के कवनों पहचान ना रहे।

आज इंडस्‍ट्री परफॉर्मेंस बेस्‍ड सिनेमा पर टिक गईल बा। पहिले जइसे हीरो ले ल अउर सिनेमा बन जात रहे। बाकी अब अइसन नइखे। आज-काल 90 प्रतिशत फिल्‍म कथानक प्रधान बने लागल बा, जेकर सराहना बड़ पैमाना पर भी हो रहल बा। अइसन सिनेमा से हताश हो चुकल कलाकार के नाम, पहचान अउर काम मिले लागल। ओहन लोग के अब उचित सम्‍मान अउर दाम भी मिल रहल बा। कुछ प्रतिशत लोग आजहूं हीरो में चिपकल बाड़न। बाकी दर्शक लोग कथानक प्रधान फिल्‍म के पसंद करे शुरू कर दिहलें बाड़न। चरित्र अभिनेता लोग के अहमियत बढ़ला के बाद एगो अच्‍छा बात इ भइल बा कि भोजपुरी इंडस्‍ट्री के इ चरित्र अभिनेता लोग के दूसर इंडस्ट्री में भी अच्‍छा काम मिले लागल बा, बाकी आज ले कवनों हीरो के पूछ दूसर जगह पर नईखे भईल। अब भोजपुरी इंडस्‍ट्री भी परिपक्‍व अभिनेता लोग के हो गईल बा, काहे कि दर्शक लोग के भी बासी चावल के तड़का लगाके खाना पसंद नइखे। अवधेश मिश्रा के ही एगो फिल्‍म आ रहल बा– ‘दोस्‍ताना’, जेकरा लेके अभी बहुत चर्चा हो रहल बा।

The post भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में आइल निखार appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/a-great-revolutation-in-bhojpuri-film-industry-gahana-3200/feed 0
श्रीदेवी के पुण्यतिथि पर भावुक भईली बेटी जाह्नवी https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/daughter-jahnavi-got-sentimental-on-sridevis-death-anniversary-gahana-live-3130 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/daughter-jahnavi-got-sentimental-on-sridevis-death-anniversary-gahana-live-3130#respond Mon, 24 Feb 2020 11:43:53 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=3130 The post श्रीदेवी के पुण्यतिथि पर भावुक भईली बेटी जाह्नवी appeared first on Gahana Live.

]]>

कबो हवा-हवाई गर्ल त कबो चांदनी, कवनों किरदार में जान फूंक देवे वाली बॉलीवुड के पहिली महिला सुपरस्टार श्रीदेवी के जनम 13 अगस्त 1963 के तमिलनाडु के शिवकाशी में भईल रहे। श्रीदेवी के बचपन के नाम श्री अम्मा यंगर अय्यपन रहल। महज 4 साल के उमर में उहां के फिल्म कंधन करुनाई से आपन करियर के शुरुआत कइली।

1969 के धार्मिक सिनेमा थुनविन में उहां के बतौर बाल कलाकार मुख्य भूमिका में नजर अइनी। 1971 के मलयालम फिल्म पूमबत्ता खातीर उहांके  केरला स्टेट फिल्म अवॉर्ड से सम्मानित करल गईल। बाल कलाकार के रूप में उनुकर पहिला हिंदी फिल्म ‘रानी मेरा नाम’ रहल। 1975 के फिल्म जूली में श्रीदेवी हिरोइन के बहिन के भूमिका निभाइले बाड़ी। मुख्य अदाकारा के रुप में उनुकर पहिला हिंदी सिनेमा 1979 के सोलहवां सावन रहल। बाकी उनुका पहचान 1983 के फिल्म हिम्मतवाला से मिलल। एह फिल्म के बाद से श्रीदेवी कबहूं पीछे मुड़के ना देखली। श्रीदेवी सदमा, नगीना, मास्टर जी, सुहागन, मिस्टर इंडिया, चांदनी, चालबाज़, खुदा गवाह, चन्द्रमुखी, रुप की रानी चोरों का राजा, लाडला, जुदाई, निगाहें, तोहफा, इंग्लिश विंग्लिश, मॉम जइसन बेहतरीन सिनेमा में आपन अदाकारी के जादू बिखेरले बाड़ी।

24 फरवरी 2018 के इ मशहूर अभिनेत्री दुनिया के हमेशा खातिर अलविदा कह दिहली। आपन बेहतरीन अदाकारी के चलते उनका के तीन बार फिल्मफेयर पुरस्कार से नवाजा गइल बा। सिनेमा में  उनकर योगदान खातिर 2013 में भारत सरकार उनका के पद्मश्री से भी सम्मानित कइले बा।  

श्रीदेवी के याद करत उनुकर बेटी अभिनेत्री जाह्नवी कपूर उनका संगे आपन बचपन के तस्वीर सोशल मीडिया पर शेयर करके लिखले बाड़ी कि ‘मैं आपको हरदिन याद करती हूं’…..

The post श्रीदेवी के पुण्यतिथि पर भावुक भईली बेटी जाह्नवी appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/daughter-jahnavi-got-sentimental-on-sridevis-death-anniversary-gahana-live-3130/feed 0
गूगल पर सर्वाधिक खोजे जाये वाला बिहारी https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-most-searched-bihari-on-google-gahana-live-2671 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-most-searched-bihari-on-google-gahana-live-2671#respond Mon, 16 Dec 2019 13:20:21 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2671 The post गूगल पर सर्वाधिक खोजे जाये वाला बिहारी appeared first on Gahana Live.

]]>

Google पर सबसे ज्यादा सर्च जेकरा के  कइल गइल ऊ ह एगो बिहारी……

साल 2018 से अब तक देश भर में सबसे ज्यादा सर्च होखे वाला भारतीय में पहिला नाम विंग कमांडर अभिनंदन वर्धमान के बा । सर्च में दूसरका नंबर पर गायिका लता मंगेशकर आउर तीसरा स्थान पर क्रिकेटर युवराज सिंह बाने। चौथा नाम अबकी बिहार के लाल आनंद कुमार  के बा। आनंद बाबू गूगल सर्च में टॉप बिहारी बने पर बिहार के लोग के धन्यवाद दिहलें। आनंद कहलें कि लोग के प्यार आउर साथ मिलत रहल त जल्दी कुछ बड़हन करब। ‘सुपर 30’ के संचालक आनंद कुमार के नाम एगो आउर उपलब्धि जुड़ला के बधाई। गूगल पर सबसे ज्यादा सर्च बिहारी में उनकर नाम टॉप पर बा।
आनंद कुमार के जीवन पर बनल बा बॉलीवुड फिल्म “सुपर 30”
आनंद कुमार एह साल अपना बायोपिक फिल्म सुपर 30 के लेके चर्चा में रहले। एह फिल्म में अभिनेता ऋतिक रौशन उनकर किरदार के निभवले बाने। ई फिल्म अच्छा-खासा कमाई कइलस अउरी ऋतिक रौशन के बिहारी टोन के सब लोग खूब एन्जॉय कइल।

आनंद कुमार के अमेरिका से हाले में फेडरेशन ऑफ इंडियन एसोसिएशन के 50वां स्थापना वर्ष समारोह में शामिल होखे खातीर आमंत्रण मिलल बा। न्यूयॉर्क में गणतंत्र दिवस के पूर्व संध्या पर आयोजित समारोह में आनंद कुमार शामिल होखे जा ताने। एसोसिएशन सुपर 30 फिल्म के रीयल हीरो आनंद कुमार के आमंत्रण दिहले बा।

आपके बता दीं कि गरीब लइकन के मुफ्त आउर निशुल्क शिक्षा देके प्रतिष्ठित आईआईटी जईसन संस्थान में दाखिला दिलावे के श्रेय आनंद कुमार के जाला। अपना कड़ा मेहनत के दम पर आनंद कुमार ई मुकाम  हासिल कईलन. इहे कारण बा कि गूगल पर सबसे ज्यादा सर्च होखे वाला बिहारी में आनंद कुमार के नाम अव्वल आईल बा।

The post गूगल पर सर्वाधिक खोजे जाये वाला बिहारी appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-most-searched-bihari-on-google-gahana-live-2671/feed 0
हैप्पी बर्थडे बिहारी बाबू https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/happy-birthday-bihari-babu-gahana-live-2597 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/happy-birthday-bihari-babu-gahana-live-2597#respond Mon, 09 Dec 2019 14:00:54 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2597 The post हैप्पी बर्थडे बिहारी बाबू appeared first on Gahana Live.

]]>

भारतीय सिनेमा के बिहारी बाबू कहे जाये वाला दिग्गज अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा के जन्मदिन, आज यानि कि 9 दिसम्बर के होला। आज बिहारी बाबू के 74वां जन्मदिन ह।

इहां के जन्म 9 दिसंबर 1945 के बिहार के पटना शहर में भईल रहे। शत्रुघ्न नाम के पीछे एगो बड़ा रोचक कहानी बा। उहां के नाम ‘रामायण’ के आधार पर रखल गईल। इहां के चार भाई रहनीं। राम, लक्ष्मण, भरत में सबसे छोटहन के नाम शत्रुघ्न रखल गईल। पटना साइंस कॉलेज से पढ़ाई करे के बाद शत्रुघ्न सिन्हा पुणे के ‘फिल्म एंड टेलीविजन इंस्टीट्यूट ऑफ इंडिया’ (FTII) से पढ़ाई कईनी। ओकरा बाद शत्रुघ्न जी फिल्म जगत में पहचान बनावे के सपना पूरा करे खातीर पुणे से मुंबई आ गईनी। बड़ा मशक्कत के बाद उहां के मौका मिलल आउर हिंदी फिल्म ‘प्रेम पुजारी’ में एगो पाकिस्तानी सैनिक के किरदार में नजर अईनी।

एह फिल्म के बाद शत्रुघ्न सिन्हा जी साल 1969 में  मोहन सहगल के फिल्म ‘साजन’ में एगो पुलिस इंस्पेक्टर के छोटहन रोल कईनी लेकिन जवने प्लेटफार्म के जरूरत रहल उहां के नाहीं मिलल। अभिनेत्री मुमताज के सिफारिश से उहां के चंदर वोहरा के फिल्म ‘खिलौना’ मिलल, जवना फिल्म के हीरो संजीव कुमार रहनीं। एह फिल्म में बिहारी बाबू के बिहारी दलाल के रोल दिहल गईल। एह फिल्म में काम कईले के बाद शत्रुघ्न जी रातोंरात ओह निर्माता के पहिला पसंद बन गईनी। शत्रुघ्न जी के गाल पर कट के निशान उहां के विलन बने में प्लस पाइंट बन गईल। गुलजार के फिल्म ‘मेरे अपने’ में शत्रुघ्न सिन्हा फेमस ‘छेनू’ के किरदार निभईनी। ओकरा बाद एक से एक बेहतरीन फिल्म में काम करके शत्रुघ्न सिन्हा आगे बढ़े लगनी। फिल्म ‘कालीचरण’ शत्रुघ्न के हिंदी सिनेमा में एगो नया विस्तार दिहलस आउर ओकरा बाद फिर उहां के कबो पीछे मुड़के नाहीं देखनी।

हिन्दी फिल्म में ही नाही इहां के भोजपुरी फिल्म में भी अपना अभिनय के दम पर भोजपुरियन के चहेता बन गईनी। फिल्म राजा बाबू अउरी राजा ठाकुर जईसन फिल्म में साफ तौर पर इहां के उभिनय क्षमता देखल गईल। भोजपुरी फिल्म राजा ठाकुर में अभिनेता मनोज तिवारी के साथे इहां के गजब के कैमेस्ट्री देखेके मिलल। इहाँ के भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में भी एगो खास जगह बनवला में कामयाब भईनी।

शत्रुघ्न सिन्हा के शादी पूर्व मिस यंग इंडिया पूनम से भइल बा। पूनम के शत्रुघ्न जी द्वारा फ़िल्मी अंदाज़ में प्रपोज़ कइल गइल। उहां के चलत ट्रेन में फिल्म ‘पाकीजा’ के डायलॉग ‘अपना पांव जमीन पर मत रखिएगा…’के कागज पर लिखके प्रोपोज कईनी आउर ओकरा बादे शादी भइल।फिल्म के साथे इहाँ के सामाजिक अउरी राजनीतिक सक्रियता भी काबिले तारीफ़ बा। शत्रुघ्न सिन्हा के दू बेटा लव, कुश आउर एगो बेटी मशहूर बॉलीवुड अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा बाड़ी।

बिहारी बाबू के गहना लाइव के तरफ से बेर बेर बधाई।

The post हैप्पी बर्थडे बिहारी बाबू appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/happy-birthday-bihari-babu-gahana-live-2597/feed 0
भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक के मिलल सम्मान https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/bhojpuri-cinema-historian-manoj-bhawuk-received-the-honor-gahana-live-2517 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/bhojpuri-cinema-historian-manoj-bhawuk-received-the-honor-gahana-live-2517#respond Wed, 04 Dec 2019 12:08:49 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2517 The post भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक के मिलल सम्मान appeared first on Gahana Live.

]]>

छपरा, बिहार में आयोजित सारण इंटरनेशनल फ़िल्म फेस्टिवल में सुप्रसिद्ध युवा कवि अउरी भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक के सिनेमा के क्षेत्र में बहुमूल्य शोध आउर योगदान के खातीर सम्मानित कईल गईल। बॉलीवुड अभिनेता अखिलेन्द्र मिश्र आउर जय प्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति डॉ0 हरिकेश सिंह द्वारा संयुक्त रूप से भावुक के सम्मान प्रदान कइल गइल।

छपरा में आयोजित दो दिवसीय फ़िल्म महोत्सव के पहिले दिन 3 दिसम्बर के मनोज भोजपुरी सिनेमा पर एगो लंबा व्याख्यान दिहलन आउर साथे-साथे भोजपुरी सिनेमा के अबहिन तक के सफर पर एगो लघु फ़िल्म दिखईलन। एह फ़िल्म के देखले के बाद मुख्य अतिथि अखिलेन्द्र मिश्र मनोज भावुक के भोजपुरी सिनेमा के मास्टर कहलन। कुलपति डॉ0 हरिकेश सिंह के ई कहनाम बा कि हर विद्यार्थी के ई फ़िल्म अवश्य देखेक चाहीं, डॉक्टर सिंह, मनोज भावुक के BHU में इ फ़िल्म लेके आवे के न्योता देहलन।

मनोज पिछला 25 साल से लगातार भोजपुरी सिनेमा पर काम कर रहल बाने। अमिताभ बच्चन, सुजीत कुमार, राकेश पांडेय, कुणाल सिंह, मनोज तिवारी, रवि किशन समेत डेढ़ सौ से अधिक फ़िल्म स्टार्स के इंटरव्यूज के अलावा टीवी पर भोजपुरी सिनेमा के लेके बहुत सारा शोज कर चुकल बाने। मनोज के भोजपुरी सिनेमा के इनसाइक्लोपीडिया कहल जाला। फ़िल्म महोत्सव में मनोज के आवे वाला किताब भोजपुरी सिनेमा के संसार पर भी चर्चा भईल।

विदित बा कि मनोज सिवान जिला के रघुनाथपुर प्रखंड के कौसड़ गांव के रहे वाला हवन। मनोज भावुक के पिता रामदेव सिंह, हिंडाल्को रेनुकूट के पहिला ट्रेड यूनियन लीडर रह चुकल बानी।

लंदन आउर अफ्रीका में इंजीनियर रह चुकल मनोज मॉरिशस, दुबई, नेपाल, युगांडा समेत दुनिया के तमाम देश में भोजपुरी के परचम लहरा चुकल बाड़न।

आपन ग़ज़ल-संग्रह तस्वीर जिंदगी के आउर गीत-संग्रह चलनी में पानी के खातीर मनोज भावुक के भारतीय भाषा परिषद, भाऊराव देवरस सम्मान, राही मासूम रज़ा सम्मान , गीतांजलि साहित्य आउर संस्कृति बर्मिंघम सम्मान, बिहारी कंनेक्ट दुबई सम्मान, लोक भूषण नेपाल सम्मान आउर पूर्वांचल गौरव, विश्व भोजपुरी गौरव जईसन अनेक सम्मान से नवाजल गईल बा।

 

सारेगामापा जईसन लोकप्रिय टीवी शो के भोजपुरी में बनावे के श्रेय बतौर प्रोजेक्ट हेड आउर लेखक मनोज भावुक के जाला। भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ युगांडा के संस्थापक मनोज भावुक विश्व भोजपुरी सम्मेलन के इंग्लैंड व दिल्ली इकाई के अध्यक्ष रह चुकल बाड़न।

The post भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक के मिलल सम्मान appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/bhojpuri-cinema-historian-manoj-bhawuk-received-the-honor-gahana-live-2517/feed 0
हेलेन के कनेक्शन भोजपुरी से : जन्मदिन विशेष https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/helens-connection-to-bhojpuri-birthday-special-gahana-live-2387 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/helens-connection-to-bhojpuri-birthday-special-gahana-live-2387#respond Thu, 21 Nov 2019 11:28:28 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2387 The post हेलेन के कनेक्शन भोजपुरी से : जन्मदिन विशेष appeared first on Gahana Live.

]]>

हेलन जैराग रिचर्डसन यानी हिन्दी सिनेमा के पहिला आइटम डांस गर्ल ।अद्भुत नृत्यांगना हेलेन के जन्म आजे के दिन यानी २१ नवम्बर १९३८ के बर्मा में भइल. बॉलीवुड में तs हेलेन अब तक तकरीबन 500 से अधिक फिल्म में आपन नृत्य अउरी अदाकारी के जलवा बिखेर देले बानी  लेकिन का रउआ जानs तानी कि हेलेन के योगदान एक से एक भोजपुरी फिल्म में भी बा। एंग्लो इंडियन पिता अउरी बर्मीज मां के बेटी हेलेन के एक भाई रोजर अउरी बहिन जेनिफर हई। पिता के दुसरका विश्व युद्ध में मृत्यु के बाद हेलेन के परिवार साल 1943 में भारत आके बस गईल।

 

हेलन के पहिला शादी महज 16 वर्ष के उम्र में  फिल्म निर्देशक पी.एन अरोरा से भइल. सोलह बरस के अवस्था में भइल एह ब्याह के अवधि भी सोलह बरस रहल. तलाक के बाद  हेलन के  मुलाकात बॉलीवुड के मशहूर पटकथा लेखक सलीम खान से भइल अउरी हेलेन अब मिसेज़ सलीम हो गइनी. हेलेन अउरी सलीम के गोद लेहल बेटी अर्पिता हई. एकरा अलावा बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान, सोहेल खान, अरबाज खान अउरी अलविरा खान अग्निहोत्री उनके सौतेला  बच्चा ह लोग।

हेलेन
हेलेन

 

हेलन के फ़िल्मी करियर

हेलेन के करियर के सुरुआत १९ साल के अवस्था में हो गइल रहे. हावड़ा ब्रिज के गीत “मेरा नाम चीन चीन चु” से  सुरु भइल हेलेन के नृत्य के कारवां अनगिनत फिल्म में लगातार चलत रहल. पहिलका भोजपुरी फिलिम “गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो” में भी हेलेन के योगदान रहे.एह फिल्म के गीत “अब हम कइसे चली डगरिया लोगवा नजर लगाए ना” आज भी सुनल जाला. एकरा अलावा बिदेसिया फिलिम में भी हेलेन आपन नृत्य के प्रस्तुति देहले रहीं. “हमार संसार” फिलिम में भी हेलेन के बहुत सुंदर नृत्य रहल.

 

हिंदी- भोजपुरी के कई  फिलिम में आपन उत्कृष्ट  योगदान देहला के बाद हेलन फिल्म जगत से आपन दूरी वर्ष 1983 में बना लेह्नीं. बाद के कुछ फिलिम में इहाँ के कुछ कैमियो किरदार में नजर अइनी.  भारत सरकार हेलन के वर्ष 2009 में पद्मश्री पुरुस्कार से सम्मानित कइले बा.

The post हेलेन के कनेक्शन भोजपुरी से : जन्मदिन विशेष appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/helens-connection-to-bhojpuri-birthday-special-gahana-live-2387/feed 0
#MeToo आरोपी संगे फिल्म साइन करके फंस गइलन आमिर,तनुश्री दत्ता लगवली फटकार https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/metoo-accused-sange-film-signed-by-gilen-aamir-tanushree-dutta-lagwali-reprimanded-1238 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/metoo-accused-sange-film-signed-by-gilen-aamir-tanushree-dutta-lagwali-reprimanded-1238#respond Fri, 13 Sep 2019 15:26:44 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1238 The post #MeToo आरोपी संगे फिल्म साइन करके फंस गइलन आमिर,तनुश्री दत्ता लगवली फटकार appeared first on Gahana Live.

]]>

बॉलीवुड के मिस्टर परफेक्शनिस्ट आमिर खान अब एक नया फिल्म से जुड़ गइल बाड़न | लेकिन इ फिल्म खातिर हां कहल आमिर के थोड़ा महंगा साबित हो सकता| काहे की अब तक आपन गुडी-गुडी इमेज के संभालके रखे वाला आमिर खान पर एक्ट्रेस तनुश्री दत्ता सवालों के झड़ी लगा देले बाड़ी|

तनुश्री दत्ता
तनुश्री दत्ता

आमिर खान बतवलन की उ गुलशन कुमार के बायोपिक ‘मोगुल’ से बतौर निर्माता आउर अभिनेता से हाथ मिलवले लेकिन इ ऐलान के पहिले शायद आमिर खान इ भूल गइल रहले कि इ फिल्म के निर्देशक सुभाष कपूर बाड़न| अभिनेत्री गीतिका त्यागी सुभाष कपूर पर #MeToo के आरोप लगवले रहली|

तनुश्री दत्ता
तनुश्री दत्ता

अब आमिर खान के इ फैसला पर एक्ट्रेस आउर देश में #MeToo  आंदोलन शुरू करे वालीं तनुश्री दत्ता आमिर खान के फैसले पर प्रतिक्रिया देले बाड़ी| तनुश्री एक आरोपी के फेर से प्लेटफॉर्म देवे खातिर आमिर के आढ़े हाथ लेले बाड़ी| तनुश्री कहली की , “वइसे त बॉलीवुड में केहु के नींद ना आवेला, जब एक महिला दुर्व्यवहार के शिकार हो जाली| लेकिन बड़-बड़ बात करे वाला स्टार्स अगर उ आरोपी आदमी के काम पर रखे खातिर सहमत हो जाले त कुछ अजीब लागेला|

अभिनेत्री कहली, “अगर आपके अइसन केहु आदमी के काम ना मिले पर दया आवत बा त इ अनुकंपा सबपर होवे के चाहि| केहु हमरा से इ पूछे के जहमत ना उठावलस कि जब हमार करियर खत्म हो रहे त हम कइसे जीयत रहली|

खैर, अब हमनी तनुश्री दत्ता के बयान पर आमिर खान की प्रतिक्रिया का इंतजार करना होगा. क्या यह उनके फैसले को प्रभावित करेगा? समय ही बताएगा…

The post #MeToo आरोपी संगे फिल्म साइन करके फंस गइलन आमिर,तनुश्री दत्ता लगवली फटकार appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/metoo-accused-sange-film-signed-by-gilen-aamir-tanushree-dutta-lagwali-reprimanded-1238/feed 0