मुजफ्फरपुर – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Mon, 13 Jan 2020 13:24:20 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 मुजफ्फरपुर आम्रपाली रंग महोत्सव, 11 राज्य के दिग्गज कलाकार करिहें शिरकत https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/bihar-muzaffarpur-amrapali-rang-mahotsav-veteran-artist-cultural-program-2929 https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/bihar-muzaffarpur-amrapali-rang-mahotsav-veteran-artist-cultural-program-2929#respond Mon, 13 Jan 2020 13:18:28 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2929 The post मुजफ्फरपुर आम्रपाली रंग महोत्सव, 11 राज्य के दिग्गज कलाकार करिहें शिरकत appeared first on Gahana Live.

]]>

मुजफ्फरपुर में 23 जनवरी से 2 फरवरी तक अम्रपाली रंगमहोत्सव के आयोजन होखे वाला बा। एह महोत्सव में कई राज्य के कलाकार शामिल होखे वाला बाड़ें। जिला स्कूल मैदान में होखे वाला महोत्सव में 23 जनवरी से 2 फरवरी तक चली। महोत्सव में देश के प्रसिद्ध थियेटर  कलाकार नाट्य कला के मंचन करिहें। एह महोत्सव में भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार रवि किशन के साथे-साथ हिंदी फिल्म के मशहुर अभिनेता अखिलेंद्र मिश्र, रघुवीर यादव, विनीत कुमार आउर संजय उपाध्याय भी शामिल होईहें।

नगर विकास आउर आवास मंत्री सुरेश शर्मा कहलन कि एह महोत्सव में राष्ट्रीय आउर अंतराष्ट्रीय स्तर के नाट्य संस्थान के ओर से नाटक के प्रस्तुति होई।

आपके बता दीं कि महोत्सव में 11 दिन तक अलग-अलग नाटक के मंचन होई। महोत्सव में कथक नृत्य के साथे-साथ देश से जुड़ल सांस्कृति कार्यक्रम के आयोजन होई। महोत्सव में देश के जानल-मानल कलाकरान के आगमन से एह बार के महोत्व बड़ा स्तर पर होखे वाला बा। महोत्सव में 11 राज्य के कलाकार शामिल होईहें।

महोत्सव में मध्यप्रदेश, दिल्ली, पटना, मुंबई आउर हरियाणा के थियेटर कलाकार अपना कला के प्रदर्शन करिहें। महोत्सव  के शुभारंभ भिखारी ठाकुर के प्रसिद्ध नाटक “बिदेशिया” से होई। महोत्सव में हिन्दी साहित्य के मशहूर उपन्यासकार प्रेमचंद्र के कहानी के भी मंचन होखे वाला बा। एकरा अलावा ‘मैं बोझ नहीं भविष्य हूँ, हम तो ऐसे ही हैं, मांस के रूदन, आउर मल्लाह टोली जईसन नाटक के मंचन होई।’ महोत्सव में कलाकार 30 लोक नृत्य आउर 22 नुक्कड़ नाटक के भी प्रस्तुति करिहें।

आपके बता दीं कि थियेटर के दुनिया से मुजफ्फरपुर के पुराना नाता रहल बा। सिनेमा जगत के नामचीन कलाकार आउर रंगकर्मी पृथ्वीराज कपूर भी मुजफ्फरपुर में कई बार नाट्य प्रस्तुति दिहले रहनी। कवि आउर साहित्यकार जानकी वल्लभ शास्त्री के इहां पृथ्वीराज कपूर के आगमन आउर थियेटर करे के किस्सा आज भी बड़ा मशहूर बा।

The post मुजफ्फरपुर आम्रपाली रंग महोत्सव, 11 राज्य के दिग्गज कलाकार करिहें शिरकत appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/bihar-muzaffarpur-amrapali-rang-mahotsav-veteran-artist-cultural-program-2929/feed 0
एक और लाडो इन्साफ के आस में दम तोड़ देहली https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/dehli-succumbs-to-another-lado-insaf-gahana-live-2684 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/dehli-succumbs-to-another-lado-insaf-gahana-live-2684#respond Tue, 17 Dec 2019 13:29:13 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2684 The post एक और लाडो इन्साफ के आस में दम तोड़ देहली appeared first on Gahana Live.

]]>

सात दिसम्बर के शाम अहियापुर में ज़िंदा जरावल गइल युवती आखिरकार दस दिन बाद सोमवार रात 11.40 बजे, पटना अपोलो बर्न अस्पताल में ज़िन्दगी के जंग हार गइली. लड़की के मृत्यु होते ही ऊहाँ मौजूद स्वजन लोग के चीत्कार से अस्पताल के प्रांगण सहम गइल. ई खबर सुनते मुजफ्फरपुर के लोग में आक्रोश के लहर दौड़ गइल. परिजन लोग कहsता कि जब तक बिहार के मुख्यमंत्री खुद उपस्थित ना होइहन तब ले पोस्टमार्टम ना होई. मंगलवार के सुबह बैरिया गोलम्बर के लगे भारी मात्रा में लोग एकत्रित भइल अउरी आपन विरोध प्रदर्शित कइल.

मालूम हो कि सात दिसम्बर के दुष्कर्म में विफल रहला पर राजा अउरी उनके साथी मुकेश, पीड़िता के उपर केरोसिन तेल डाल के ज़रा देहल लोग. लडकी अस्सी प्रतिशत तक जर गईल. एतना जरला के बाद भी ऊ हिम्मत ना हरलस अउरी अंतिम सांस तक जिये के संघर्ष कइलस. डॉक्टर के टीम लड़की के जीवित रखे खातिर बेर-बेर पंप करत रहे लेकिन कवनो फायदा ना भइल. अंतिम बार ऊ इहे कहलस कि– ‘जे तरे ऊ दरिंदा राजा हमरा के ज़िंदा ज़रा देहलस ओही तरे राजा के भी फांसी के सजा मिले.’ लेकिन अफ़सोस, पीडिता के इन्साफ के ई चाह पूरा ना भईल अउरी ऊ तड़प-तड़प के दम तोड़ देहली. लडकी के भाई रोवत-रोवत कहलस कि बहिन के हत्या करे वाला के फांसी के सजा हो.’ बेटी के मौत से दुखी पिता कहलन कि ‘ हमनी के इन्साफ चाहीं अउरी पुलिस के उचित कारवाई करे के पड़ी।’ पीड़िता के मां के कहनाम बा कि ‘आरोपी पिछला तीन साल से उनकर बेटी के परेशान करत रहलस  अउरी ई सूचना पुलिस के देहल गइल रहे लेकिन पुलिस के तरफ से कवनो कारवाई ना भइल।‘ बिहार में अइसन बहुत मामला सामने अइला से राज्य में महिला सुरक्षा अउरी कानून-व्यवस्था पर सवाल खड़ा हो गइल बा।

मुजफ्फरपुर में एह घटना के विरोध में जगह जगह प्रदर्शन होता। सरकार अउरी पुलिस पर लगातार दबाव बनावल जाता अउरी लइकिन के सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम करे के मांग कइल जाता.

The post एक और लाडो इन्साफ के आस में दम तोड़ देहली appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/dehli-succumbs-to-another-lado-insaf-gahana-live-2684/feed 0