लालू प्रसाद यादव – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Sat, 28 Dec 2019 06:57:09 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 लालू फैमिली के नया डरामा https://www.gahanalive.com/uncategorized/bihar-aishwarya-rai-made-serious-allegations-against-tej-pratap-2824 https://www.gahanalive.com/uncategorized/bihar-aishwarya-rai-made-serious-allegations-against-tej-pratap-2824#respond Sat, 28 Dec 2019 06:21:35 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2824 बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आउर आरजेडी प्रमुख लालू प्रसाद यादव के घर में फिरसे फैमिली ड्रामा शुरू हो गईल बा। लालू के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव के पत्नी ऐश्वर्या राय से तलाक वाला मामला एगो नया मोड़ पर आ गईल बा। तेजप्रताप के माई राबड़ी देवी बहू ऐश्‍वर्या राय के सामान पिता चंद्रिका राय के […]

The post लालू फैमिली के नया डरामा appeared first on Gahana Live.

]]>
बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आउर आरजेडी प्रमुख लालू प्रसाद यादव के घर में फिरसे फैमिली ड्रामा शुरू हो गईल बा। लालू के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव के पत्नी ऐश्वर्या राय से तलाक वाला मामला एगो नया मोड़ पर आ गईल बा। तेजप्रताप के माई राबड़ी देवी बहू ऐश्‍वर्या राय के सामान पिता चंद्रिका राय के घरे भेजवा देले बाड़ी। ओहिजा तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय सामान लेहले से मना कर देले बाड़ें। 2 गो पिकअप में कपड़ा, फर्नीचर आउर इलेक्ट्रॉनिक्स सामान भेजवा दिहल गईल बा। तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय शास्त्रीनगर पुलिस के बुलवलें आउर पुलिस के सामान जब्त करेके अनुरोध कईलें।

ऐश्वर्या के गंभीर आरोप

बीते दिन ऐश्वर्या राय पटना पुलिस से अपना ससुराल पर गंभीर आरोप लगवले रहली। ऐश्वर्या शिकायत में कहली कि जून महीना से ससुराल में उनका के खाना नईखे मिलत। पुलिस से शिकायत में ऐश्वर्या दहेज के खातीर प्रताड़ित करे के भी आरोप लगवले रहली। ऐश्वर्या राय अपना सास राबड़ी देवी, ननद मीसा भारती आउर अपना पति तेजप्रताप के आरोपी बतवले बाड़ी। ऐश्वर्या आरोप लगवली कि उनका के घरे से निकालल जाता। ऐश्वर्या ननद मीसा भारती पर  मारपीट करेके भी आरोप लगवले बाड़ी।

तेजप्रताप कोर्ट में देले बाड़ें तलाक के अर्जी

बता दीं कि लालू के बेटा तेजप्रताप पिछला साल 2 नवंबर के पटना फैमिली कोर्ट में ऐश्वर्या से तलाक के अर्जी लगवले रहलें। तेजप्रताप के शादी ऐश्वर्या से 12 मई, 2018 में बहुते धूमधाम से भईल रहल। ऊ अपना पत्नी पर प्रताड़ना के आरोप लगवले रहलें आउर कहलें कि घुट-घुट के जीये से कवनो फायदा नईखे। उनकर एह कदम से उनकर माता-पिता (लालू यादव-राबड़ी देवी) बहुते परेशान हो गईलें। तेजप्रताप आउर ऐश्वर्या राय के बीच सुलह-समझौता करावे के बहुते कोशिश कईल गईल बाकि सब नाकाम साबित भईल।

The post लालू फैमिली के नया डरामा appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/uncategorized/bihar-aishwarya-rai-made-serious-allegations-against-tej-pratap-2824/feed 0
लालू यादव पर बनी भोजपुरी में बायोपिक, देखी के बा लीड रोल में https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/biopic-on-lalu-yadav-in-bhojpuri-seen-who-is-in-lead-role-gahana-live-2411 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/biopic-on-lalu-yadav-in-bhojpuri-seen-who-is-in-lead-role-gahana-live-2411#respond Fri, 22 Nov 2019 12:44:16 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2411 The post लालू यादव पर बनी भोजपुरी में बायोपिक, देखी के बा लीड रोल में appeared first on Gahana Live.

]]>

बिहार के कद्दावर नेता रह चुकल लालू प्रसाद यादव के जीवन पर भोजपुरी में फिल्म बने जाता। फिल्म के नाम होई लालटेन। बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राजद नेता लालू प्रसाद यादव   पर भोजपुरी में बायोपिक फिल्म बने जाता। फिल्म के नाम लालटेन होई आउर भोजपुरी अभिनेता यश लालू यादव के किरदार में नजर अईहें। फिल्म के नाम लालटेन एहले रखल गईल बा काहें से लालू यादव के पार्टी राजद के चुनाव चिह्न लालटेन हवे। बिहार के राजनीति में अच्छा पकड़ रखे वाला लालू प्रसाद यादव एगो अच्छा वक्ता होखे के साथे साथे गजब के सेंस ऑफ ह्यूमर भी रखेलें  आउर राजनीति में उनकर काफी दबदबा रहल बा।

लालू यादव, यश
लालू यादव, यश

फिल्म अगला साल फरवरी में रिलीज होई आउर इ लालू के निजी आउर राजनीतिक जीवन के बारे में बात करी। फिल्म में लालू प्रसाद यादव के पत्नी राबड़ी देवी के किरदार अभिनेत्री स्मृति सिन्हा निभा सकेली। राबड़ी देवी के बारे में बात करीं त घर परिवार के साथे साथे राबड़ी देवी मुश्किल वक्त में लालू के साथ निभाके वक्त पर बिहार के मुख्यमंत्री पद संभलले रहली जब लालू के पार्टी में कवनो विश्वासपात्र के जरूरत रहल।

यश कुमार के बात कईल जाव त यश भोजपुरी सिनेमा में काफी समय से सक्रिय बाने। उ दिलदार सांवरियां से भोजपुरी सिनेमा में कदम रखले रहलनआउर ओकरे बाद ओनकर कई गो फिल्म जईसे- दरिया दिल, रुद्र अच्छा बिजनेस कर चुकल बा।फिलहाल अगर बात कईल जाव त लालू प्रसाद यादव जेल में बाने आउर ओनकर छोट बेटा तेजस्वी यादव पार्टी का कामकाज संभाल ताने।

The post लालू यादव पर बनी भोजपुरी में बायोपिक, देखी के बा लीड रोल में appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/biopic-on-lalu-yadav-in-bhojpuri-seen-who-is-in-lead-role-gahana-live-2411/feed 0