लालू फैमिली के नया डरामा

0
708
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आउर आरजेडी प्रमुख लालू प्रसाद यादव के घर में फिरसे फैमिली ड्रामा शुरू हो गईल बा। लालू के बड़ बेटा तेजप्रताप यादव के पत्नी ऐश्वर्या राय से तलाक वाला मामला एगो नया मोड़ पर आ गईल बा। तेजप्रताप के माई राबड़ी देवी बहू ऐश्‍वर्या राय के सामान पिता चंद्रिका राय के घरे भेजवा देले बाड़ी। ओहिजा तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय सामान लेहले से मना कर देले बाड़ें। 2 गो पिकअप में कपड़ा, फर्नीचर आउर इलेक्ट्रॉनिक्स सामान भेजवा दिहल गईल बा। तेजप्रताप के ससुर चंद्रिका राय शास्त्रीनगर पुलिस के बुलवलें आउर पुलिस के सामान जब्त करेके अनुरोध कईलें।

ऐश्वर्या के गंभीर आरोप

बीते दिन ऐश्वर्या राय पटना पुलिस से अपना ससुराल पर गंभीर आरोप लगवले रहली। ऐश्वर्या शिकायत में कहली कि जून महीना से ससुराल में उनका के खाना नईखे मिलत। पुलिस से शिकायत में ऐश्वर्या दहेज के खातीर प्रताड़ित करे के भी आरोप लगवले रहली। ऐश्वर्या राय अपना सास राबड़ी देवी, ननद मीसा भारती आउर अपना पति तेजप्रताप के आरोपी बतवले बाड़ी। ऐश्वर्या आरोप लगवली कि उनका के घरे से निकालल जाता। ऐश्वर्या ननद मीसा भारती पर  मारपीट करेके भी आरोप लगवले बाड़ी।

तेजप्रताप कोर्ट में देले बाड़ें तलाक के अर्जी

बता दीं कि लालू के बेटा तेजप्रताप पिछला साल 2 नवंबर के पटना फैमिली कोर्ट में ऐश्वर्या से तलाक के अर्जी लगवले रहलें। तेजप्रताप के शादी ऐश्वर्या से 12 मई, 2018 में बहुते धूमधाम से भईल रहल। ऊ अपना पत्नी पर प्रताड़ना के आरोप लगवले रहलें आउर कहलें कि घुट-घुट के जीये से कवनो फायदा नईखे। उनकर एह कदम से उनकर माता-पिता (लालू यादव-राबड़ी देवी) बहुते परेशान हो गईलें। तेजप्रताप आउर ऐश्वर्या राय के बीच सुलह-समझौता करावे के बहुते कोशिश कईल गईल बाकि सब नाकाम साबित भईल।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here