दिवाली में दिल्ली के कौन जगह करी खरीदारी ?

0
488
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

दिल्ली में अईसन बहुत बाजार बा जहा पर आप शापिंग के मजा ले सकेनी।  दिवाली नजदीक आवते ही हर आदमी घऱ के खातीर या फिर परिवार के खातीर शॉपिंग के बारे में अच्छा बाजार के तलाश करे लागेला। जहंवा पर सामान के ढेर सारा वैरायटी होखे अउर दाम भी कम लागे। दिल्ली में अईसन बहुते बाजार बाटे जहंवा पर आप शापिंग के मजा ले सकेलीन।

चांदनी चौक

चांदनी चौक
चांदनी चौक

शापिंग करे के खातीर दिल्ली के चांदनी चौक नाम सबसे ऊपर आवेला। इहां पर आपके कपड़ा से लेके रोजमर्रा के सामान तक आसानी से मिल जाई। दिवाली के समय इहां पर मिट्टी के दीया अउर सजावट के बहुते अच्छा सामान मिलेला।

दरीबां कला, ओल्ड दिल्ली

चांदनी चौक में ही खूबसूरत मार्केट बा दरीबां कलां। इ जगह अपनी सिल्वर मार्केट के खातीर ज्यादा पसंद कईल जाला। कुछ दुकान ईहां पर सौ साल पुराना भी बा अउर ईहां बने वाला ज्वैलरी बेशक बहुत ही सुंदर होला। धनतेरस के मौका पर सोना-चांदी के आभूषण लेवे के खातीर इ बाजार बहुत अच्छा बा।

पहाड़गंज मार्केट

पहाड़गंज मार्केट के बारे में बहुते कम ही लोग जानेला कि ईहां पर दिवाली के समय बहुत ही सुंदर सजावट के सामान मिलेला। एह बाजार में आपके चांदी के आभूषण अउर चमड़ा के सामान सस्ता दाम में मिल जाई। ईहां पर सड़क के किनारे कुछ बेहतरीन दुकानदार लैंप अउर मिट्टी के दीया वगैरह बेचेलन।

अट्टा मार्केट, नोएडा
खरीददारी करे के खातीर नोएडा में रहे वालां के खातीर भी एगो बेहतरीन मार्केट बा अट्टा। ईहां पर आपके घर के सजावट से लेके लक्ष्मी गणेश के खूबसूरत मूर्ती भी मिल जाई।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here