धनतेरस पर का ख़रीदल जाव जवने से घर में होखे लक्ष्मी के वास अउर आवे सुख समृद्धि ?

0
695
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आज धनतेरस के दिन ह अउर पूरा देश में दीपावली के त्यौहार के धूम आज से ही शुरू हो जाला। कवनो भी तरह के खरीदारी जइसे गाड़ी, घर, ज़मीन, सोना-चांदी के खातीर एह दिन के काफी शुभ मानल जाला। मानल जाला की एह दिन कईल गईल खरीददारी लक्ष्मी जी के प्रतीक होला अउर साल भर आपन कृपा बरसावेली। पर अगर आप आज के दिन खरीदारी करे जा तानी लेकिन आपके इहे नईखे पता कि अइसन का खरीदल जाव, जवन शुभ होखे अउर जवने से देवी लक्ष्मी, वैभव अउर यश एक साथ आपके घर में निवास करे लागें, त आपके खरीदारी बेकार एहि से आज हम आपके खतिर लेके आईल बानी कुछ अईसन ख़ास चीज़ के सूची जेके खरीदे से आपके घर में सुख, समृद्धी के साथ-साथ धन के बरसात होई।

सोना

सोना
सोना

सोना लक्ष्मी के प्रतीक है, जहां सोना होला उहां लक्ष्मी वास करेली। धनतेरस के दिन सोना के खरीददारी के महत्व अउर बढ़ जाला, धन के देवता कुबेर के भी सोना से काफ़ी लगाव ह। एही से धनतेरस के दिन सोना खरीदल शुभ मानल जाला। एह दिन आप सोना के सिक्का भी खरीद सकेनी।

चांदी

धनतेरस के दिन चांदी खरीदले से घर में शांती और वैभव आवेला। कहल जाला कि चांदी शालीनता के दर्शावेला, अउर जहां शालीनता शान्ति होला।उहां लक्ष्मी के वास होला। एह दिन आप चांदी के सिक्का भी खरीद सकेली।

 

नया बही-खाता शुरू कईल

मानल जाला कि जवन लोग कवनो भी तरह के व्यवसाय करेलन उनके धनतेरस के दिन बही-खाता पुस्तिका ज़रूर खरीदेक चाहिं। एही पुस्तिका में व्यसाय के नया हिसाब-किताब लिखेक चाहिं। साथ ही एह पुस्तिका के अपनी ऑफ़िस, दुकान या फ़ैक्टरी में पश्चिम दिशा में रखेक चाहिं।

 

गोमती चक्र

धनतेरस के दिन 11 गोमती चक्र ज़रुर खरीदेक चाहिं। इनके अच्छा स्वास्थ्य अउर समृद्धि के प्रतीक मानल जाला।

लक्ष्मी जी के मूर्ति

धनतेरस के दिन देवी लक्ष्मी के मूर्ति खरीदल शुभ और भाग्यशाली मानल जाला, आप उनके पूजा स्थल चाहें अपनी काम के स्थान पर रख सकेली।

 

स्वास्तिक चिन्ह

धनतेरस के दिन घर के मुख्य द्वार पर स्वास्तिक चिन्ह स्थापित कईल चाहें लटकावल अच्छा सौभाग्य मानल जाला अउर इ शुभकामना के प्रतीक भी होला।

बर्तन

धनतेरस के दिन पीतल, तांबा, स्टील या फिर चांदी के बर्तन भी खरीदल जाला। अईसन मानल जाला कि इ पारिवारीक सुख-शांती के प्रतीक होला। इ मान्यता ह कि भगवान धनवंतरी जीवन अउर स्वास्थ्य के रक्षक हवें, एहि से उनके हाथ में अमृत से भरल कलश होला। एह कलश के कारण ही धनतेरस के दिन नया बर्तन खरीदल जाला।

 

झाड़ू
झाड़ू

झाड़ू

धनतेरस के दिन कबो भी झाड़ू खरीदल मत भूलब, एके साफ़-सफ़ाई करे के खातीर खरीदल जाला। मानल जाला कि भगवान कुबेर भी ओही घर में वास करेने, जहां साफ़-सफ़ाई होला अउर घर में लक्ष्मी आवेली। एही से एह दिन झाड़ू खरीदल काफ़ी शुभ मानल जाला।

दीया

अईसन मानल जाला कि दीपावली के दिन जवन दीया घर में जाला, अगर उ दीयां धनतेरस के दिन खरीदल जाव त घर में लक्ष्मी आवेली अउर सुख-शान्ति बसेला।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here