2017 में सबसे जादे हिट रहे वाला भोजपुरी सिनेमा

0
1093
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.
  1. निरहुआ हिंदुस्तानी2’

निर्माता मंजुल ठाकुर के फिल्म निरहुआ हिंदुस्तानी-2’ भोजपुरी सिनेमा 2017 के ब्लॉकबस्टर फ़िल्म ह। भोजपुरी फिल्म जगत के लकी अदाकारा आम्रपाली दुबे के जुबली स्टार निरहुआ संग इ फिल्म बॉक्स ऑफिस अउर डिजिटल प्लेटफार्म प कामयाबी के झंडा गाड़ दिहलस।

  1. मेंहदी लगा के रखना

मेंहदी लगा के रखना के निर्माता रजनीश मिश्रा हवन। इ साल के दुसर सबसे हिट फिल्म मेंहदी लगा के रखना में खेसारी लाल यादव, काजल राघवानी अउर रितु सिंह बाडी।

  1. सरकार राजा

सरकार राजा फिल्म भोजपुरी के पर्दा पर सुपर हिट रहल। इ फिल्म में पवन सिंह अउर मोनालीसा मुख्य भुमिका में बाडी। इ फिल्म के निर्माता अरविन्द चौबे बाड़न।

  1. आतंकवादी

खेसारी लाल यादव अउर सुभी शर्मा के फिल्म आतंकवादी एह साल के हिट सिनेमा में से एक रहल। फिल्म के डायरेक्टर एम. आइ राज हवन। इ फिल्म लोगन के जेहन में बहुते दिन तक आपन छाप छोड़ले रहे।

  1. मोहब्बत

रोमांटिक निर्माता प्रेमांशु सिंह के फिल्म मोहब्बत में प्रदीप पांडे व पुनम दुबे मुख्स भुमिका में बाड़न। इ फिल्म में एहन लोग के आदाकारी के लोग बहुत सरहले बाड़न।

इ त रहे साल 2017 के सबसे ज्यादा कमाई करेवाला अउर पॉपुलर फिल्म, जेकर डायरेक्ट, एक्टर, एक्ट्रेस, विलन, स्क्रिपट राइटर, पिक्चराइजेशन, सुपर हिट गाना, बैनर इऩ लोगन के फैंस के जेहन में जगह बनइलस।

एकरा अलावे इ साल के कुछ अइसन फिल्म भी बा जवन सुपर-डुपर हिट रहे अउर  बलॉक-बस्टर के कतार में बा..

  1. निरहुआ सटल रहे
  2. जिगर
  3. धड़कन
  4. तेरे जैसा यार कहा
  5. ससुराल
Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here