श्रीदेवी के पुण्यतिथि पर भावुक भईली बेटी जाह्नवी

0
723
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

कबो हवा-हवाई गर्ल त कबो चांदनी, कवनों किरदार में जान फूंक देवे वाली बॉलीवुड के पहिली महिला सुपरस्टार श्रीदेवी के जनम 13 अगस्त 1963 के तमिलनाडु के शिवकाशी में भईल रहे। श्रीदेवी के बचपन के नाम श्री अम्मा यंगर अय्यपन रहल। महज 4 साल के उमर में उहां के फिल्म कंधन करुनाई से आपन करियर के शुरुआत कइली।

1969 के धार्मिक सिनेमा थुनविन में उहां के बतौर बाल कलाकार मुख्य भूमिका में नजर अइनी। 1971 के मलयालम फिल्म पूमबत्ता खातीर उहांके  केरला स्टेट फिल्म अवॉर्ड से सम्मानित करल गईल। बाल कलाकार के रूप में उनुकर पहिला हिंदी फिल्म ‘रानी मेरा नाम’ रहल। 1975 के फिल्म जूली में श्रीदेवी हिरोइन के बहिन के भूमिका निभाइले बाड़ी। मुख्य अदाकारा के रुप में उनुकर पहिला हिंदी सिनेमा 1979 के सोलहवां सावन रहल। बाकी उनुका पहचान 1983 के फिल्म हिम्मतवाला से मिलल। एह फिल्म के बाद से श्रीदेवी कबहूं पीछे मुड़के ना देखली। श्रीदेवी सदमा, नगीना, मास्टर जी, सुहागन, मिस्टर इंडिया, चांदनी, चालबाज़, खुदा गवाह, चन्द्रमुखी, रुप की रानी चोरों का राजा, लाडला, जुदाई, निगाहें, तोहफा, इंग्लिश विंग्लिश, मॉम जइसन बेहतरीन सिनेमा में आपन अदाकारी के जादू बिखेरले बाड़ी।

24 फरवरी 2018 के इ मशहूर अभिनेत्री दुनिया के हमेशा खातिर अलविदा कह दिहली। आपन बेहतरीन अदाकारी के चलते उनका के तीन बार फिल्मफेयर पुरस्कार से नवाजा गइल बा। सिनेमा में  उनकर योगदान खातिर 2013 में भारत सरकार उनका के पद्मश्री से भी सम्मानित कइले बा।  

श्रीदेवी के याद करत उनुकर बेटी अभिनेत्री जाह्नवी कपूर उनका संगे आपन बचपन के तस्वीर सोशल मीडिया पर शेयर करके लिखले बाड़ी कि ‘मैं आपको हरदिन याद करती हूं’…..

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here