Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.
जवन उमर में सरकार भी लोगन के लंबा नौकरी के बाद आराम करे के मौका दे देला… ओह उमर में एटा जिला के रहे वाली कुमकुम समाजसेवा में जुटल बाड़ी। कुमकुम आपन परिवार से वक्त निकाले के समाज के कमजोर वर्ग के बच्चन के निःशुल्क पढ़ावे के काम करेली। 62 साल के कुमकुम देश में सबसे जादे समय ले 44 साल तीन महीने तक सरकारी स्कूल में शिक्षिका के रूप में काम कर चुकल बाड़ी। उनकर उपलब्धि के चलते ही एटा प्रशासन उनका के रोल मॉडल मानके बेटी बचाओ-बेटी पढ़ाओ कार्यक्रम के ब्रांड एम्बेसडर बनइले बा।
कुमकुम ना सिर्फ समाज के कमजोर वर्ग के बच्चन के निःशुल्क शिक्षा दे रहल बाड़ी.. बल्कि, बेटियों के पढ़ाई-लिखाई प उनकर खास ध्यान रहेला.. कुमकुम बेटियों के शिक्षा के अलावा, भ्रूण हत्या रोके अउर बच्चिओं के स्वावलंबी बनावे खाती भी लोगन के जागरुक करे के काम कर रहल बाड़ी..
Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.