खेसारी लाल के BIG-BOSS 13 में धमाकेदार एंट्री, सलमान के खिलाईले लिट्टी

0
571
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

वीकेंड का वार स्पेशल में खेसारी लाल के BIG-BOSS 13 में भईल धमाकेदार एंट्री. जहां एक ओर देश भर में दिवाली के माहौल रहे त दूसरे ओर 27 अक्टूबर के बिग बॉस 13 के एपिसोड़ भी शनदार रहल. इह एपिसोड में आदित्य नारायण, हर्ष लंबाचिया के साथे-साथ ढिंचैक पूजा भी घरवालन के साथे जमके मस्ती कईली.

बिग बॉस 13 के सेट पर सलमान अउरी खेसारी
बिग बॉस 13 के सेट पर सलमान अउरी खेसारी

इह एपिसोड में तीसरे वाइल्ड कार्ड कंटेस्टेंट भोजपुरी सुपरस्टार खेसारी लाल यादव भी एंट्री मारले. खेसारी के स्वागत सलमान खान जबरदस्त तरीके से कईले. एसे पहिले शनिवार के बिग बॉस वीकेंड के वार में दू गो वाइल्ड कार्ड कंटेस्टेंट हिन्दुस्तानी भाऊ यानी विकास पाठक अउरी तहसीन पूनेवाला के नाम से भी पर्दा उठ चुकल रहे. टीवी के सबसे बड़ अउरी विवादित रिएलिटी शो BIG-BOSS 13 में अब वाइल्ड कार्ड कंटेस्टेंट के एंट्री के साथे जबरदस्त घमासान देखे के मिली. सलमान खान खेसारी के स्वागत ई कईले कि खेसारी भोजपुरी सिनेमा के अवॉर्ड विनिंग सुपरस्टार हउवन. त उहे खेसारी आपन डायलॉग दोहरावते हुए एंट्री मरले. एह घर में खेसारी के एंट्री से पहिले एगो वीडियो वायरल भईल रहे, जेमे उनके आंख पर पट्टी बांध के उनके बिग बॉस 13 के सेट पर ले जाईल जाता. उहे एह स्पेशल वीकेंड के वार में सबसे खास बात ई रहे की ई हफ्ता  केहू भी कंटेस्टेंट बेघर ना भईले. बात खेसारी के कईल जाव त खेसारी लाल यादव सलमान खान के लिट्टी खिलाईले आ कहले की “हम दिल्ली में लिट्टी चोखा के ठेला लगाते थे”.

 सेट पर आईल ‘बाला’ फिल्म के  टीम के बिग बॉस के एक्सपर्ट बनावल गईल रहे. टीम घर के अंदर जाये से पहिले कुछ सवाल-जवाब कर रहल रहे एही दौरान बाला टीम खेसारी के सामने उनका लिट्टी-चोखा वाला इतिहास छेड़ दिहले. एह बात पर खेसारी बतावे लगले कि उ कवने तरह से दिल्ली में लिट्टी-चोखा बेचके दिन काटले रहले. उ इहो बतवले कि उ आपन शादी के बाद भी दिल्ली में अपना पत्नी के साथे लिट्टी-चोखा के ठेला लगाके गुजर-बसर कईले बाड़े. साथे साथ कुछ  गाने भी गावत रहत रहले.

ई जानला के बाद सलमान खान खेसारी के अपना गले लगा लिहले. अचानक से बाला टीम सेट पर लिट्टी-चोखा मंगा दिहले. एकरा बाद सलमान खान औउर खसारी लाल यादव लिट्टी-चोखा खाये लगेले.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here