Kajal Raghawani – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Fri, 04 Oct 2019 06:48:47 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 स्क्रीन पर दिखी काजल आउर आनंद के धांसू जोड़ी https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/bhojpuri-star-kajal-raghwani-now-seen-with-anand-ojha-not-khesarilal-1814 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/bhojpuri-star-kajal-raghwani-now-seen-with-anand-ojha-not-khesarilal-1814#respond Fri, 04 Oct 2019 06:48:46 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1814 The post स्क्रीन पर दिखी काजल आउर आनंद के धांसू जोड़ी appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी सुपरस्टार आनंद आउर काजल एक साथ दू फिल्म के तैयारी में व्यस्त बाड़न| अब जल्दीये लोग के इ धांसू जोड़ी स्क्रीन पर नजर आवे वाला बा| कात्यायन ग्रुप के दू महत्‍वपूर्ण फिल्‍म ‘रण’ आउर ‘माही’ के भव्‍य मुहूर्त मुंबई में भइल|

anand and kajalइ दूनों फिल्‍म में लीड रोल में भोजपुरी सेंशेसन काजल राघवानी आउर सुपर स्‍टार आनंद ओझा एक साथ नजर आने वाला बाड़न| इ फिल्‍म के शूटिंग जल्‍दीए शुरू होई| एकर निर्माण काफी बड़ा पैमाना पर करल जाई| फिल्‍म ‘माही’ के पूरा शूटिंग इटली आउर लंदन में आउर फिल्‍म ‘रण’ के शूटिंग भारत (लखनऊ) आउर नेपाल में करल जाई| फिल्‍म के चंद्र पंत डायरेक्‍ट कइले बाड़न,आउर फिल्‍म के कहानी भी उहे लिखले बाड़न| फिल्‍म के निर्माता अरूण कुमार मिश्रा आउर रितेश वंदना बाड़न| एहसे पहिले फिल्‍म के मुहूर्त में भोजपुरी इंडस्‍ट्री के कई हस्ती मौजूद रहलन, आउर फिल्‍म खातिर शुभकामनाएं दिहलन|

उ कहलन कि दूनों फिल्‍म के शुरुआत माता रानी के खास दिन में हो रहल बा| एहिसे इ उम्‍मीद बा कि फिल्‍म अच्‍छा बनी आउर दर्शक के खूब पसंद भी आई| ओहिजे, निर्देशक चंद्र पंत भी फिल्‍म के खास बतवलन आउर कहलन कि हम एक मजबूत पटकथा वाली फिल्‍म लेकर आ रहल बानी| हालांकि, दूनों फिल्‍म के कहानी एक दूसरे से एकदम अलग बा| देखल जाये त कहानी के स्‍तर पर दूनों के जोनर डिफरेंट बा|

anand and kajal movieफिल्‍म के निर्माता अरूण कुमार मिश्रा आउर रितेश वंदना मुहूर्त में आइल सब लोगन के आभार व्‍यक्‍त कइलन आउर कहलन कि फिल्‍म के शूटिंग के घोषणा हम जल्‍दीए करब जा| साथे जल्‍दीए हम दूनों फिल्‍म के कास्टिंग भी शुरू करब जा| खालसा अभी फिल्‍म के लीड कास्‍ट में आनंद ओझा अउर काजल राघवानी के नाम सामने आइल बा| इनकर हाले में एगो फिल्‍म ‘कुंभ’ आवे वाला बा| उ बतवलन कि इ दूनों फिल्‍म के सह निर्माता ज्‍योति दिनेश पांडे, किरण गुप्‍ता, अंबे बालाजी लॉग्स्टिक अउर डी. एस. तिवारी बाड़न| फिल्‍म में संगीत धनंजय मिश्रा अउर गीत वीरेंद्र पांडे के होई|

The post स्क्रीन पर दिखी काजल आउर आनंद के धांसू जोड़ी appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/bhojpuri-star-kajal-raghwani-now-seen-with-anand-ojha-not-khesarilal-1814/feed 0
खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/new-song-of-khesari-from-baghi-hits-1494 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/new-song-of-khesari-from-baghi-hits-1494#respond Sun, 22 Sep 2019 15:18:47 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1494 The post खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी गायक आउर सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के साथ एक्ट्रेस काजल राघवानी के फिल्मी ‘बागी’ के गाना ‘व्हाट्स ऐप के मैसेज बनके धनिया’ रिलीज हो गईल बा। रिलीज होते ही इ गाना यूट्यूब पर वायरल भी हो गईल बा। इ गान के यूट्यूब पर अब तक 26 लाख से ज्यादा बार देखल जा चुकल बा। एह गाना में खेसारीलाल आउर काजल के केमिस्ट्री लोग बहुते पसंद कइले बा। गाना में दुनु बेडरूम में रोमांस करत नजर आ रहल बाड़े।

फिल्म के निर्देशक शेखर शर्म बतईले कि फिल्मद ‘बागी’ खेसारीलाल यादव के अब तक के सारा फिल्मआ से काफी अलग बा। हमनी कहानी के प्रजेंटेशन भी बेहतर आ स्मूथ करे के कोशिश कइले बानी। फिल्म  में गाना भी काफी अच्छे बा, जे दर्शक लोग के काफी पसंद आ रहल बा। फिल्म पूरा तरह से कमर्शियल बा। साथ ही उ इहो बोलले कि फिल्म में खेसारीलाल यादव आउर काजल राघवानी के साथ ऋतु सिंह भी बाड़ी आ  साल 2017 के बाद इनके तिकड़ी एक बार फेर से फिल्म ‘बागी’ में दर्शक के सामने होई।

फिल्म के लेके ऋतु सिंह इहो कहली कि फिल्मं ‘बागी’ के शूटिंग में बहुते मजा आईल रहे। जेआर प्रोडक्श हाउस द्वारा निर्मित फिल्म ‘बागी’ के शूटिंग लखनऊ में भईल बा। जबकि एकर क्लाब इ मेक्सो मुंबई फिल्म् सिटी में शूट कईल बा।

इ फिल्म रोमांटिक आउर पारिवारिक कहानी पर आधारित बा। फिल्म में खेसारीलाल यादव, काजल राघवानी आउरी ऋतु सिंह के अलावा माया यादव, विनोद मिश्रा, प्रकाश जैश, नागेश मिश्रा और अयाज खान भी अहम भूमिका में बाड़न। म्यूजिक मधुकर आनंद, लिरिक्सा कवि प्यारे लाल, आजाद सिंह आउरी श्याम देहाती के बा।

The post खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/new-song-of-khesari-from-baghi-hits-1494/feed 0
काजल के अदा देख सभे बा फ़िदा https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kajal-raghwani-instagram-post-kills-everyone-1226 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kajal-raghwani-instagram-post-kills-everyone-1226#respond Fri, 13 Sep 2019 15:10:34 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1226 The post काजल के अदा देख सभे बा फ़िदा appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी फिल्म में मार करावेवाली काजल राघवानी हमेशा चर्चा में रहे ली। काजल के सोशल मीडिया से बहुते लगाव ह आ आये दिन उ कुछु न कुछु पोस्ट करत रहेली।

फोटो इंस्टाग्राम से काजलराघवानी
फोटो इंस्टाग्राम से काजलराघवानी

एह बार फिरू उनकर पोस्ट  धमाल मचा रहल बाटे। लोग इ पोस्ट पर धकधक दिल खोल के लाइक करत बाड़े। संगे संगे कमेंट के बौछार करत बाड़े।

फोटो इंस्टाग्राम से काजलराघवानी
फोटो इंस्टाग्राम से काजलराघवानी

अभी ता इ पोस्ट के लगभग 24 घंटा भी नइखे भईल तेपहु 5 हजार से अधिके लाइक  मिलल बा। काजल इ अपना पोस्ट में बहुते प्यारी लगत बाड़ी।  कबो बच्चन खानी लउकत बाड़ी ता कबो मस्ती करतारी। सबसे ज्यादा फैंस के काजल राघवानी के क्यूट अंदाज पसंद आवत बा।  काजल राघवानी भोजपुरी सिनेमा जगत में अपन डांस नंबर खातिर जानल जाली। काजल राघवानी के हॉट आ सेक्सी ठुमका पर त पूरा बिहार फिदा बा।

फोटो इंस्टाग्राम से काजलराघवानी
फोटो इंस्टाग्राम से काजलराघवानी

काजल राघवानी के उनका डांस के साथ-साथ उनकरा शानदार एक्टिंग खातिर भी जाना जाला। काजल राघवानी के वीडियो अक्सर सोशल मीडिया पर तहलका मचावत रहेला। बतावत चली की काजल राघवानी के साथ खेसारी लाल यादव के जोड़ी फैंस खूब पसंद करे ले। अक्सर इनकर हॉट केमिस्ट्री सुर्खियों में छाईल रहेला।

The post काजल के अदा देख सभे बा फ़िदा appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kajal-raghwani-instagram-post-kills-everyone-1226/feed 0