स्क्रीन पर दिखी काजल आउर आनंद के धांसू जोड़ी

0
509
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी सुपरस्टार आनंद आउर काजल एक साथ दू फिल्म के तैयारी में व्यस्त बाड़न| अब जल्दीये लोग के इ धांसू जोड़ी स्क्रीन पर नजर आवे वाला बा| कात्यायन ग्रुप के दू महत्‍वपूर्ण फिल्‍म ‘रण’ आउर ‘माही’ के भव्‍य मुहूर्त मुंबई में भइल|

anand and kajalइ दूनों फिल्‍म में लीड रोल में भोजपुरी सेंशेसन काजल राघवानी आउर सुपर स्‍टार आनंद ओझा एक साथ नजर आने वाला बाड़न| इ फिल्‍म के शूटिंग जल्‍दीए शुरू होई| एकर निर्माण काफी बड़ा पैमाना पर करल जाई| फिल्‍म ‘माही’ के पूरा शूटिंग इटली आउर लंदन में आउर फिल्‍म ‘रण’ के शूटिंग भारत (लखनऊ) आउर नेपाल में करल जाई| फिल्‍म के चंद्र पंत डायरेक्‍ट कइले बाड़न,आउर फिल्‍म के कहानी भी उहे लिखले बाड़न| फिल्‍म के निर्माता अरूण कुमार मिश्रा आउर रितेश वंदना बाड़न| एहसे पहिले फिल्‍म के मुहूर्त में भोजपुरी इंडस्‍ट्री के कई हस्ती मौजूद रहलन, आउर फिल्‍म खातिर शुभकामनाएं दिहलन|

उ कहलन कि दूनों फिल्‍म के शुरुआत माता रानी के खास दिन में हो रहल बा| एहिसे इ उम्‍मीद बा कि फिल्‍म अच्‍छा बनी आउर दर्शक के खूब पसंद भी आई| ओहिजे, निर्देशक चंद्र पंत भी फिल्‍म के खास बतवलन आउर कहलन कि हम एक मजबूत पटकथा वाली फिल्‍म लेकर आ रहल बानी| हालांकि, दूनों फिल्‍म के कहानी एक दूसरे से एकदम अलग बा| देखल जाये त कहानी के स्‍तर पर दूनों के जोनर डिफरेंट बा|

anand and kajal movieफिल्‍म के निर्माता अरूण कुमार मिश्रा आउर रितेश वंदना मुहूर्त में आइल सब लोगन के आभार व्‍यक्‍त कइलन आउर कहलन कि फिल्‍म के शूटिंग के घोषणा हम जल्‍दीए करब जा| साथे जल्‍दीए हम दूनों फिल्‍म के कास्टिंग भी शुरू करब जा| खालसा अभी फिल्‍म के लीड कास्‍ट में आनंद ओझा अउर काजल राघवानी के नाम सामने आइल बा| इनकर हाले में एगो फिल्‍म ‘कुंभ’ आवे वाला बा| उ बतवलन कि इ दूनों फिल्‍म के सह निर्माता ज्‍योति दिनेश पांडे, किरण गुप्‍ता, अंबे बालाजी लॉग्स्टिक अउर डी. एस. तिवारी बाड़न| फिल्‍म में संगीत धनंजय मिश्रा अउर गीत वीरेंद्र पांडे के होई|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here