खेसारी आउर काजल के बेडरूम रोमांस मचवलस धूम

0
538
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी गायक आउर सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के साथ एक्ट्रेस काजल राघवानी के फिल्मी ‘बागी’ के गाना ‘व्हाट्स ऐप के मैसेज बनके धनिया’ रिलीज हो गईल बा। रिलीज होते ही इ गाना यूट्यूब पर वायरल भी हो गईल बा। इ गान के यूट्यूब पर अब तक 26 लाख से ज्यादा बार देखल जा चुकल बा। एह गाना में खेसारीलाल आउर काजल के केमिस्ट्री लोग बहुते पसंद कइले बा। गाना में दुनु बेडरूम में रोमांस करत नजर आ रहल बाड़े।

फिल्म के निर्देशक शेखर शर्म बतईले कि फिल्मद ‘बागी’ खेसारीलाल यादव के अब तक के सारा फिल्मआ से काफी अलग बा। हमनी कहानी के प्रजेंटेशन भी बेहतर आ स्मूथ करे के कोशिश कइले बानी। फिल्म  में गाना भी काफी अच्छे बा, जे दर्शक लोग के काफी पसंद आ रहल बा। फिल्म पूरा तरह से कमर्शियल बा। साथ ही उ इहो बोलले कि फिल्म में खेसारीलाल यादव आउर काजल राघवानी के साथ ऋतु सिंह भी बाड़ी आ  साल 2017 के बाद इनके तिकड़ी एक बार फेर से फिल्म ‘बागी’ में दर्शक के सामने होई।

फिल्म के लेके ऋतु सिंह इहो कहली कि फिल्मं ‘बागी’ के शूटिंग में बहुते मजा आईल रहे। जेआर प्रोडक्श हाउस द्वारा निर्मित फिल्म ‘बागी’ के शूटिंग लखनऊ में भईल बा। जबकि एकर क्लाब इ मेक्सो मुंबई फिल्म् सिटी में शूट कईल बा।

इ फिल्म रोमांटिक आउर पारिवारिक कहानी पर आधारित बा। फिल्म में खेसारीलाल यादव, काजल राघवानी आउरी ऋतु सिंह के अलावा माया यादव, विनोद मिश्रा, प्रकाश जैश, नागेश मिश्रा और अयाज खान भी अहम भूमिका में बाड़न। म्यूजिक मधुकर आनंद, लिरिक्सा कवि प्यारे लाल, आजाद सिंह आउरी श्याम देहाती के बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here