कल्याण कुमार गांगुली उर्फ अनूप कुमार के कहानी

0
595
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

कल्याण कुमार गांगुली उर्फ अनूप कुमार के जन्म 26 जनवरी, 1926 के मध्य प्रदेश के खंडवा में भइल रहल । उनकर मां गौरी देवी आउर पिता कुंजलाल गांगुली रहन। उ आपन भाई अशोक कुमार के कहे पर खंडवा से बंबई आ गइलन। अनूप एक चरित्र अभिनेता आउर हिंदी फिल्म में हास्य अभिनेता के रूप में शुरुआत कइले रहन। उ आपन भाइ लोगने जइसन प्लेबैक सिंगिग खातिर जानल जात रहलन।

कल्याण कुमार
कल्याण कुमार

अनूप कुमार 70 से अधिक हिंदी फिल्म में काम कइले बाड़न। उनकरा के फिल्म चलती का नाम गाड़ी  में उनकरे भूमिका खातिर सबसे ज्यादा याद करल जाला, जवने में उनकर भाई अशोक कुमार आउर किशोर कुमार भी रहलन। उनकर अन्य फिल्म जंगली, दे कबीरा रोया, झुमरू, चलती का नाम जिंदगी, परिवार आउर चोर हो तो ऐसा शामिल बा। उ तालाश आउर भीम भवानी जइसन टेलीविजन धारावाहिक में भी काम कइले रहलन।

अनूप कॉमिक भूमिका के साथे साथ गंभीर भूमिका भी कइले रहलन। 20 सितंबर 1997 के मुंबई में अनूप कुमार आपन अंतिम सांस लेलन।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here