देशभर में नवरात्र के धूम

0
694
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नवरात्रि के पहिला दिन मां शैलपुत्री के पूजा अराधना के लेके देशभर में उत्साह देखे के मिल रहल बा । एक तरफ अमृतसर के बड़ा हनुमान मंदिर के प्रसिद्ध लंगूर मेलामें देश-विदेश से बच्चा लंगूर बने खातिर के आइल बाड़न, त दूसरा ओर लखनऊ के भगत सर्वार्थ सिद्धि योग के बेरा आपन मनोकामना के पूर्ति खातिर कलश स्थापना कर पूजा-पाठ में व्यस्त बाड़न। उहें हिमाचल के शक्तिपीठ दुल्हन के जइसन सज-धज कर तैयार बा, त जम्मू के कटड़ा में स्थिर माई वैष्णो देवी के दरबार के नजारा कौनो स्वर्ग से कम ना बा। मूसलाधार बारिश के बीचो में  श्रद्धालु भारी संख्या में दर्शन करे खातिर आ रहल बाड़न।

navmiनवरात्रि के पूजा नौ दिन तक चलेला। नौवें दिन देवी के नौवां रूप के पूजा करल जाला। देवी के नौवां स्वरूप में मां सिद्धिदात्री के उपासना करल जाला जे कि देवी के पूर्ण स्वरुप बा। खाली इ दिन मां के उपासना करे से सम्पूर्ण नवरात्रि के उपासना के फल मिलेला।

इ पूजा नवमी पर करल जाला। महानवमी पर शक्ति पूजा भी करल जाला, जेकरा के करे से निश्चित रूप से विजय के प्राप्ति होला। आज के दिन महासरस्वती के उपासना भी होवेला जेकरा से अद्भुत विद्या अउर बुद्धि के प्राप्ति हो सकेला।

ओहर, देशभर के दुर्गा पंडाल में जबरदस्त रौनक देखे के मिलत रहल बा। आज महानवमी के दिन कन्या पूजन के साथे व्रतधारी बीतल 9 दिन से जारी व्रत के खोले यानी पारण के प्रक्रिया शुरू कईलन। दिल्ली, पटना, कोलकाता, गुजरात, मुंबई समेत देशभर, खासकर उत्तर भारत के राज्यों में धूमधाम से दुर्गा पूजा मनावल जाला। तरह-तरह के पंडाल के देखके लोग के मन खुश हो जाला। आज भक्तन मां सिद्धिदात्री के पूजा-अर्चना कर रहल बाड़न।

Durga-Maa-1देशभर से नवरात्रि के उत्सव के बेहद खूबसूरत तस्वीर अउर वीडियो सामने आ रहल बा।जेकरा के देख हिंदु के सबसे पवित्र पर्व में से एक दुर्गा पूजा के रौनक देखते बनेला। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देशवासी के दुर्गा पूजा अउर नवरात्रि के शुभकामना देलन। रऊआ भी आपन करीबी के दुर्गा पूजा के शुभ अवसर पर वीडियो, मेसेज, फोटो, जीआईएफ इमेज अउर ग्रीटिंग्स भेज शुभकामना दे सकेली।

 

I am text block. Click edit button to change this text. Lorem ipsum dolor sit amet, consectetur adipiscing elit. Ut elit tellus, luctus nec ullamcorper mattis, pulvinar dapibus leo.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here