सर्वपितृ अमावस्या पर इ बार ना बनी गजच्छाया योग

0
421
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आश्विन मास के अमावस्या तिथि के महत्वपूर्ण मानल जाला। एकर सबसा बड़ वजह इ बा की पितृ पक्ष में इ अमावस्या के होवला। इ साल पितृमोक्ष अमावस्या 28 सितंबर के बा। इ बार 20 साल के बाद सर्व पितृमोक्ष अमावस्या शनिवार के दिन रही। इ दिन के श्राद्ध कर्म करल फलदायक मानल जाला। खास बात इ बा कि पितृ पक्ष में शनिवार के दिन अमावस्या के योग बहुते सौभाग्यशाली बा। एहसे पहले 1999 में इ संयोग बनल रहल, जब सर्वपितृ अमावस्या शनिवार के आईल रहल। अब 4 साल बाद 2023 में इ संयोग फिर से बनी।

amavasya

गजच्छाया योग में श्राद्ध करे के विशेष महत्व बतावल गइल बा। इ शुभ योग में करल गइल श्राद्ध, तर्पण आउर दान के अक्षय फल मिलेला। इ शुभ योग में श्राद्ध करे से कर्ज से मुक्ति मिलेला, घर में समृद्धि आउर शांति भी मिलेला। इ बार पितृपक्ष में गजच्छाया योग नइखे बनत। पिछले साल इ योग बनल रहल। इ दुर्लभ योग तिथि, ग्रह आउर नक्षत्रों के विशेष स्थिति से बनेला। ज्योतिषियों के अनुसार इ शुभ योग साल में लगभग 1 या 2 बार हीं बनेला।

अइसन मानल जाला कि पितृपक्ष के 16 दिन के अंदर पितर धरती पर उतरेलन आउर अमावस्या के  उनकरा के विदाई देहल जाला। इ दिन धरती पर आइल सबे पितरों के विधिवत विदाई देवल जाला आउर उनकरा शांति के उपाय करल जाला। इ तिथि एहुसे अहम बा काहे की अगर कौनो परिजन के मृत्युतिथि पता ना हो त इ दिन उनकरा शांति खातिर श्राद्ध करेके चाहिए।

इ अमावस्या के श्राद्ध करेके पीछे मान्यता बा कि इ दिन पितरों के नाम के धूप देवे से मानसिक आउर शारीरिक तौर पर त संतुष्टि या शांति प्राप्त होबे करला, साथे घर में भी सुख-समृद्धि आवला।सब प्रकार के कष्ट दूर हो जाला । मान्यता इहो बा कि इ अमावस्या के पितृ आपन प्रियजन के दुआर पर श्राद्धादि के इच्छा लेकर आवेलन। यदि उ पिंडदान ना मिले तो उ असंतुष्ट वापस चल जाएलन, जेकरा फलस्वरूप घरेलू कलह बढ़ जाला आउर सुख-समृद्धि में कमी आवे लागेला। अइसन अवस्था में कार्य भी बिगड़े लागेला। एहिसे श्राद्ध कर्म अवश्य करेके चाहि।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here