महानायक अमिताभ बच्चन के दादा साहेब फाल्के अवार्ड पर प्रतिक्रिया

0
460
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

महानायक अमिताभ बच्चन के दादा साहब फाल्के अवॉर्ड से सम्मानित कईल गईल। एह ख़बर के जानकारी सूचना एवं प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर अपना ट्विटर एकाउंट पर पोस्ट कर के कइले। एह अवसर पर सूचना एवं प्रसारण मंत्री अमिताभ बच्चन के हार्दिक बधाई भी दिहले।

मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के ट्वीट
मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के ट्वीट

केंद्रीय सूचना एवं प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर ने अपने ट्वीट में लिखाले, महानायक अमिताभ बच्चन के, जे दु पीढ़ि तक हमनी के मनोरंजन कइले आ हमनी के प्रेरणा देहले। उनका के पूर्ण सहमति से दादा साहब फाल्के पुरस्कार खातिर चुनाल गईल। पूरा देश अंतरराष्ट्रीय समुदाय इ घोषणा पर खुश बा।

अमिताभ बच्चन का ट्वीट
अमिताभ बच्चन का ट्वीट

सबसे ज्यादा सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के फिल्मफेयर अवॉर्ड के रिकॉर्ड अमिताभ के नाम पर बा। अमिताभ बच्चन के सदी के महानायक के दर्जा मिलाल बा। अमिताभ बच्चन बॉलीवुड में 50 साल से ज्यादा के सफर तय कर चुकल बाड़े। अमिताभ के 1970 के दशक में विशेष सफलता मिलल।

लता मंगेश्वर के ट्वीट
लता मंगेश्वर के ट्वीट

यूं त अमिताभ बच्चन अपना करियर में कई पुरस्कार जीत चुकल बाड़े पर तीन राष्ट्रीय पुरस्कार  भी एह सूची में शामिल बा। एकरा अलावा उनका 12 फिल्मफेयर पुरस्कार भी मिल चुकल बा। इतने ना उनके नाम पर सबसे ज्यादा बार सर्वश्रेष्ठ अभिनेता फिल्मफेयर अवॉर्ड के रिकॉर्ड बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here