सरस्वती पूजा पर अश्लील नाच करावे वाला लोग, शिक्षा के नाम प कलंक बाड़े

0
1468
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

छात्र बसंत पंचमी के दिन विद्या के देवी मां सरस्वती के पूजा करेलन। एह दिन मॉ शारदा के प्रतीमा के रखल जाला अउर पुरा रात जागरण कइल  जाला… बाकी पटना के बीएन कॉलेज में सरस्वती पूजा के ही दिन कुछ अइसन कइलन उहा के छात्र की, जेकरा देख के आप सभे आश्चर्यचकीत रह जाइब।

बसंत पंचमी के पुरा दिन छात्र-छात्रा मां शारदे के पूजा-अर्चना कइलन, बाकी देर रात कॉलेज के हॉस्टल में जागरण के नाम प जवन कुछो भइल उ विवाद के विषय बन गइल।

B N College Patnaभइल कुछ अइसन की बीएन कॉलेज के हॉस्टल में छात्र कॉलेज प्रशासन से जागरण करवावे के अनुमति मगले रहन। बाकी, देर रात शुरू होखे वाला जागरण के रंग ही बदल गइल। इ कार्यक्रम में भोजपुरी के गाना प अश्लील डांस भईल। सुबह ले डांसर नाचत रहली अउर हॉस्टल के छात्र उनका संगे झूमत रहलन।

हद त तब हो जब हॉस्टल में आयोजित इ अश्लील डांस प्रोग्राम के पुलिस के जवान भी देखत रह गइलन। जागरण के नाम प हो रहल अइसन डांस प केहुं आपत्ति ना जतइलस।

वीसी रास बिहारी सिंह से जब एह विषय प बात भइल त उ मामला के जांच के आदेश दिहलन अउर कहलें कि छात्र जागरण के बात कइले रहन। जब हम पूछनी कि इहवा का होइ त छात्र सबे कहलन कि जागरण कइल जाइ। बाकी, उ लोग एह तरह के कार्यक्रम रखले, उ ठीक नइखे। वीसी इहो कहलें की हम प्रिंसिपल से एह मामला प जानकारी भी मगले बानी। जवन भी छात्र दोषी होंइहे उनका प कार्रवाई कइल जायी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here