भोजपुरी में बनी पीएम मोदी के बायोपिक, रवि किशन निभइहें मुख्य किरदार!

0
447
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

जहवां हिंदी सिनेमा में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बायोपिक में विवेक ओबेरॉय नजर आइल रहलन उहवें अब भोजपुरी सिनेमा में भी पीएम मोदी के बायोपिक बने के तैयारी होत बा| भोजपुरी में बायोपिक केहु आउर नाहीं बल्कि भोजपुरी सुपरस्टार व बीजेपी सांसद रवि किशन बनावे जात बाड़न|

अभिनेता व राजनेता दूनों रूप में सबकर प्यार पाये वाला रवि किशन के कहना बा कि उ अब अईसन फिल्म बनावल चाहत बाड़न जे समाज के कुछ मैसेज दे| रविकिशन पटना में एक प्रेस कॉफ्रेंस में एह बारे में खुलकर बात कइलन| उ बतवलन कि इ फिल्म में गुजरात के वडनगर से कहानी के पूरा पिरोते हुए इ देखावल जाइ कि कइसे एक चाय वाला एह मुकाम तक पहुंचलस| कइसे उनकर परिवार के लोग आज भी एक साधारण जीवन जियत बाड़न| रवि किशन सोमवार के भोजपुरी में प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी पर एक बायोपिक बनावे के आपन योजना के घोषणा कइलन|

रवि बतवलन कि “प्रधानमंत्री जी के व्यक्तित्व, कार्य करे क तरीका, आउर जवने तरह से उ देश के अपने से ऊपर रखेलन, ओहसे हमरा प्रेरणा मिलेला| उनकरे जइसन नेता केहु आउर शायद पैदा ही ना भइल बा| पीएम मोदी पर ‘पीएम नरेंद्र मोदी’ शीर्षक वाला हिंदी बायोपिक 24 मई 2019 को रिलीज के रिलीज भइल| इ फिल्म में ऐक्टर विवेक ओबेरॉय पीएम नरेंद्र मोदी के किरदार निभवले रहन| ओमंग कुमार द्वारा निर्देशित इ फिल्म में जरीना वहाब आउर बरखा बिष्ट सेनगुप्ता भी प्रमुख भूमिका में बाडिन|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here