‘भाईजान’ से टकरा के शर्मा गईली रानी

0
703
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी सिनेमा के दिग्गज एक्ट्रेस माने जाए वाली रानी चटर्जी फिल्म के साथे-साथ सोशल मीडिया पर भी खासी एक्टिव रहेली| रानी के वीडियो जमकर वायरल होत बा|  इ वीडियो में उनकर सामना अचानक ‘भाईजान’ से हो जाला | वीडियो में उनकर अलगे अंदाज देखे के मिलत बा|

रानी इ वीडियो अपने ऑफिशियल इंस्टाग्राम अकाउंट पर शेयर कइले बाड़ी| उनकरा एह वीडियो के लोग खूब पसंद भी कर रहल बाड़न| वीडियो में रानी सीढ़ी से ऊतरत बाड़ी  तबे एक शख्स सलमान खान  के लुक में उंहवें आ जाला फिर रानी उ शख्स के देख एकदम हैरान रह जाली| दरअसल, इ वीडियो में रानी इ दिखावे के कोशिश कइले बाड़ी कि अचानक से सलमान उनकरा सामने आ जालन जेकरा बाद उ अवाक रह जाली|

रानी चटर्जी
क्रेडिट : इंस्टाग्राम

रानी भोजपुरी सिनेमा के जबरदस्त एक्ट्रेस में से एक बाड़ी| हालांकि अब उ जल्द ही खतरों से खेलत ‘खतरों के खिलाड़ी’ में भी नजर अइहें | आजकल भोजपुरी एक्ट्रेस एही शो के तैयारी में लगल बाड़ी| इ शो में बेहतर प्रदर्शन करे खातिर उ कई वीडियो आउर फोटो भी सोशल मीडिया पर साझा कइले बाड़ी| इ सबके अलावा भोजपुरी सिनेमा के क्वीन रानी चटर्जी आपन बेबाकी खातिर भी पहचानल जाली|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here