नाम नरेंद्र दामोदरदास मोदी, उम्र 69 साल, काम-भारत के प्रधानमंत्री

0
604
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नाम नरेंद्र दामोदरदास मोदी….उम्र 69 साल…लोकप्रियता के इतिहास में इ नाम देश खातिर एक नया अध्याय लेके आइल बा। विश्वास आउर उम्मीद के चौहद्दियों के बीच से नेतृत्व के एक अइसन अवतरण जे पुराना सारा मुहावरों के ध्वस्त कर देले बा। जी हं, प्रधानमंत्री मोदी के जन्मदिन पर हम बात करत बानी उनकरा उपलब्धि के, उनका महत्वकांक्षाओं के, उनका लोकप्रियता के…..मोदी जैसन केहु आउर ना बा ,मोदी बाड़न त मुमकिन बा…..

अपना माँ के साथे मोदी
अपना माँ के साथे मोदी

साल 1950 में वडनगर गुजरात में बेहद साधारण परिवार में जन्मल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 17 सितंबर यानि आज उन्हत्तर साल के हो गइलन। एक चाय बेचे वाला कभी देश के पीएम भी बनी इ केहु ना सोंतले होई। मोदी के राजनीतिक सफर के बात करीं त सड़सठ1967 में 17 साल के उमर में उ अहमदाबाद पहुंचले आउर ओही साल उ राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सदस्यता भी लेहले। 1980 के दशक में उ गुजरात के बीजेपी ईकाई में शामिल भइलन आउर फेर 1988-89 में बीजेपी के गुजरात ईकाई के महासचिव बनावल गइले ।

नरेंद्र मोदी लाल कृष्ण आडवाणी के 1990 के सोमनाथ-अयोध्या रथ यात्रा के आयोजन में अहम भूमिका अदा कइले रहले। मोदी के 1995 में बीजेपी  के राष्ट्रीय सचिव आउर पांच राज्यों के पार्टी प्रभारी बनावल गइल। एकरा बाद 1998 में उनकरा  महासचिव, संगठन, बनावल गइलन। 2001 में जब गुजरात में भूकंप के आवे से करीब 20,000 लोग मर गइलन तब राज्य में राजनीतिक सत्ता में भी बदलाव भइल। दबाव के चलते तत्कालीन मुख्यमंत्री केशुभाई पटेल के आपन पद छोड़े के पड़ल । पटेल के जगह नरेंद्र मोदी के राज्य के कमान सौंपल गईल आउर एकरा बाद फिर कभी मोदी पीछे मुड़कर ना देखलन। 2002 के गुजरात विधानसभा चुनाव में मोदी के नेतृत्व में बीजेपी फिर सरकार बनवलस। मोदी सत्ता संभाले के साथे खुद के राजनीतिक संगठन मजबूत करे  आउर राज्य के विकास के कामों में लगा देहलन। उद्योग के बात हो या कृषि के, मोदी जनता के सामने एक बेहतर विकल्प देवे के कोशिश कइलन| नतीजा इ रहल कि 2007 के विधानसभा चुनाव में फेर मोदी के जीत भइल आउर उ दूसरा बार राज्य के मुख्यमंत्री बनलन।

नरेंद्र मोदी काम करल जानेलन आउर सबसे बड़ बात इ बा कि उ काम के पूरी कीमत वसूल करे भी उनकरा के बखूबी आवला । गुजराती लोगन के उनकरा अस्मिता से जोड़े के बात हो या फेर विकास के महिमामंडित करे के बात, उ हर कला में माहिर बाड़न।

20 दिसंबर, 2012 के मोदी फेर बहुमत हासिल कइलन आउर राज्य में तीसरे बार आपन सत्ता के डंका बजवलन। इ अइसन समय रहल जब मोदी के बीजेपी में कद एतना बड़ा हो गइल कि उनकरा के पार्टी के पीएम उम्मीदवार के रूप में देखे जाए लागल।

फेर 2014 में मोदी के नेतृत्व में बीजेपी लोकसभा चुनाव में आपार सफलता हासिल कइलस आउर सरकार बनवलस । 2019 में जब कुछ लोग मानत रहले कि मोदी की लोकप्रयिता में कुछ कमी आइल बा, तब बीजेपी मोदी के नेतृत्व में 2014 से भी बड़ा बहुमत हासिल कइलस आउर केंद्र में एनडीए के दोबारा सरकार बनल।

देश भर में उनकारा 70वां जन्मदिवस अइसे समय में मनावल जा रहल बा, जबकि मोदी सरकार के दूसर कार्यकाल के 100 दिन पूरे भइले महज कुछे दिन बीतल बा। मोदी सरकार इ सौ दिन में महत्वपूर्ण आउर ऐतिहासिक फैसला के हैट्रिक लगवले बा , इ उ मामला रहे जे देश में पिछले 70 साल से लटकल रहे । फिर चाहे उ तीन तलाक से मुस्लिम महिलाओं के निजात दिलावे के हो, जम्मू-कश्मीर से अनुच्छेद-370 हटावे के हो या एनआरसी रजिस्टर तैयार करके देश में अवैध रूप से रह रहल लोग के पहचान करल होवे, मोदी सब कुछ करके दिखवले बाड़न।

मोदी सरकार द्वारा शुरू करल गइल स्वच्छ भारत अभियान, जन-धन योजना, उज्जवला योजना, मुद्रा योजना वरदान साबित भइल।  ‘प्रधानमंत्री जन आरोग्य अभियान’ के तहत देश के 50 करोड़ गरीबों खातिर गंभीर बीमारी के स्थिति में, हर परिवार पर प्रतिवर्ष 5 लाख रुपए तक के इलाज खर्च के व्यवस्था करल गइल बा। किसान सम्मान निधि योजना के तहत किसान के अकाउंट में 6 हजार रुपये तीन किशत में सलाना ट्रांस्फर हो रहल बा । व्यापारी लोगन खातिर पेंशन योजना के भी मोदी सरकार शुरुआत कइले बाडे जेकर हर ओर सराहना हो रहल बा । फिट इंडिया मूवमेंट, बेटी बचाओ-बेटी पढ़ाओ जइसन सामाजिक अभियान के जरिये मोदी जनमानस के सोच में बदलाव लावे के मुहिम छेड़ले बा ।

अंतरराष्ट्रीय मंच के बात करीं त गैलप के एक सर्वे में उनकरा दुनिया के तीन सबसे बड़े नेता में से एक मानल गइल बा। ब्रिटेन के प्रतिष्ठित मैगजीन ‘ब्रिटिश हेराल्ड’ जून 2019 में उनकरा दुनिया के सबसे ताकतवर नेता घोषित कइले बा। इ दौड़ में डोनाल्ड ट्रंप, व्लादिमीर पुतिन जइसन दिग्गज शामिल रहले। एहमें सबसे ज्यादा 20 फीसदी वोट मोदी के मिलल रहल।

आपन करीब साढ़े पांच साल के कार्यकाल के दौरान तमाम विदेश दौरा में उनकरा के सम्मान से नवाजल गइल बा । दूसरा बार प्रधानमंत्री बनले के बाद संयुक्त अरब अमीरात पहुंचले मोदी के पिछले 24 अगस्त के उहां के सर्वोच्च नागरिक सम्मान जायद अवॉर्ड से सम्मानित करल गइल। एहसे पहिले अक्तूबर 2018 में उनकरा दक्षिण कोरिया सियोल शांति पुरस्कार से नवाजल गइल रहल।

फेसबुक आउर ट्विटर पर देखल जाए त सबसे ज्यादा फॉलोअर्स मोदीए के बाड़न। इंटरनेट पर पॉपुलर नेता लोगन के सूची में भी उ सबसे आगे बाड़न।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here