जब लागल ठंड त देखी का कईली भोजपुरी एक्ट्रेस

0
551
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

देश के अनेकों हिस्सा में कड़ाके के ठंड पड़ रहल बा, कहीं बर्फबारी त कहीं तेज हवा चल रहल बा. एह सबके बिच बॉलीवुड आउर भोजपुरी सिनेमा के एक्‍टर-एक्‍ट्रेस आपन-आपन फिल्‍म के शूटिंग में बिजी बाडन. ओहन लोग के एतना ठंड आउर बर्फ में शूटिंग करे के पड़ रहल बा. हिमाचल प्रदेश के मनाली में अभी कड़ाके के ठंड पड़ रहल बा. जहवां भयावह बर्फबारी के बीच भोजपुरी एक्‍ट्रेस रानी चटर्जी फिल्‍म के शूटिंग कर रहल बाड़ी.

रानी मनाली में शून्‍य से नीचे तापमान में शूटिंग कर रहल बाड़ी. जेकरा चलते उनका कड़ाके के ठंड के सामना करेके पड़ रहल बा. रानी ठंड से बचे खातिर सेट पर ही अईसन खास काम शुरू कर दिहली, जेसे उनका गर्मी के एहसास मिलल.

दरअसल मनाली के कड़ाके के ठंड में भोजपुरी एक्‍ट्रेस रानी चटर्जी शूटिंग करत रहली आउर शूटिंग के दौरान जब उनका ठंड ज्यादा लागल त उ कार के बोनट पर आपन दुनो हाथ रख के हाथ सेके लागली आउर दुनो हाथ से कसरत करे लगली. रानी अपना शरीर के गर्म रखे खातिर कार के बोनट पर हाथ रख के कई पुशअप मरली. ऐकरा बाद जा के रानी के तानी गरमी के एहसास भईल. रानी ई वीडियो अपना सोशल मीडिया अकाउंट पर भी शेयर कईले बाड़ी. रानी चटर्जी इंस्‍टाग्राम पर वीडियो शेयर करके लिखले बाड़ी की, ‘शॉट से पहले एक्‍टर की जिंदगी आसान नहीं होती. यहां मनाली में -13 डिग्री सेल्सियस तापमान है. पर मैं एंजॉय कर रही हूं. क्रू से एक्‍स्‍ट्रा प्‍यार मिल रहा है.’

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here