आम्रपाली के रोमांटिक अंदाज त निरहुआ के प्यारा जबाब

0
499
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी एक्ट्रेस आम्रपाली दुबे आउरी भोजपुरी सुपरस्टार दिनेश लाल यादव उर्फ़ निरहुआ के जोड़ी लोग के बड़ा पसंद आवेला। दुनु के फोटो आउरी वीडियो के सोशल मीडिया पर वायरल होखे में वक्त भी ना लागेला। अइसन में आम्रपाली दुबे, निरहुआ के साथे आपन इंस्टाग्राम पर एगो फोटो शेयर कइले बाड़ी, जेकरा पर निरहुआ एगो  मजेदार कमेंट भी कइले बाडन। उनका उ पोस्ट में उनके साथे निरहुआ भी नजर आ रहल बाड़े। दुनो के इ फोटो काफी बेहतरीन बा अउरी दुनो के अंदाज भी काफी रोमांटिक दिख रहल बा।

आम्रपाली दुबे
आम्रपाली दुबे

फोटो पर आम्रपाली एगो कैप्शन भी देहले बड़ी जेमे लिखल बा :- ‘किसी दिन बनूंगी में राजा की रानी।’ आ साथे साथे हैशटैग भी देले बाड़ी। आम्रपाली के इ पोस्ट पर निरहुआ लिखले – जरा फिर से कहना।

इ गाना फिल्म राजा के गाना के लिरिक्स ह। फिल्म 1995 में रिलीज भईल रही जेमे संजय कपूर अउर माधुरी दीक्षित रहली । आम्रपाली अपना फैंस खातिर हमेशा से कवनो कवनो फोटो अउर वीडियो शेयर करेली। कुछ दिन पहिले भी एक्ट्रेस के एगो वीडियो वायरल भईल रहें। वीडियो में आम्रपाली अमायरा नाम के  बच्ची के आवाज में बात करत रहली। भोजपुरी सिनेमा में आम्रपाली दुबे के साथ निरहुआ के जोड़ी सुपरहिट जोड़ी मानल जाला। इ लोग के गाना आ फिल्म दुनु सुपरहिट साबित होला। फिल्म के अलावा भी निरहुआ अउरी आम्रपाली अक्सर साथ में दिखले।दुनो काफी अच्छा दोस्त भी हउवन।  हाल ही में उनकी बुढ़ापे वाली फोटो भी सोशल मीडिया पर वायरल भईल रहे।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here