रानी के स्वास्थ में सुधार,फोटो पोस्ट करके देहली जानकारी

0
798
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी एक्ट्रेस रानी चटर्जी के दू दिन पहिले कार एक्सीडेंट हो गइल रहल। दरअसल, रानी के गाड़ी मुंबई के गोरेगांव इलाके में दूसर गाड़ी से भिड़ गइल रहल। इ टक्कर एतना तेज रहल कि रानी इ दौरान घायल हो गइल रहली। रानी के बांए पैर अउर हाथ में काफी चोट आइल रहल। उनकरा तुरंत हॉस्पिटल ले जाइल गइल रहल। रानी जानकारी देले बाड़ी कि उनकरा बांए कंधे में बैंडेज लागल बा। डॉक्टर, रानी के कुछ दिन खातिर आराम करेके सलाह देले रहलन। लेकिन रानी काम पर वापस लौट आइल बाड़ी।

rani accidentरानी चटर्जी बेड रेस्ट खत्म कर देले बाड़ी। उ काम पर वापस आ गईल बाड़ी। वइसे, अभी उनकर तबियत पूरा तरह से ठीक ना भईल बा लेकिन रानी आपन फैंस संगे एगो फोटो शेयर करते हुए जानकारी देले बाड़ी कि उनका के बिस्तर पर खाली बइठल रास ना आ रहल बा। एहिसे उ म्यूजिक के मदद से आपन दिमाग डाइवर्ट कईली। रानी फोटो में हार्मोनियम पर गाना के प्रैक्टिस करत दिखाई देत बाड़ी।

raniरानी फोटो शेयर करेके साथ लिखली कि मन के शान्ति खातिर कबो संगीत के सहारा हमके बहुत खुशी देता, मन शान्त हो जाला और ज्ञान भी बढ़ जाला ए फोटो से आप लोग के समझ में आ जाई की हम काफी बेहतर हो गइल बानी हाथ के पट्टी खुल गईल बा पैर भी अब काफी बेहतर बा सब के आशीर्वाद से हम ठीक हो रहल बानी सबके दिल से धन्यवाद, चेहरा पे दाग आइल रहे बकिर माता जी के कृपा से अब उहो ठीक बा।

rani is wellआपके बता दीहीं कि रानी के हाथ के पट्टी खुल गईल बा अउर पैर में भी काफी आराम बा। रानी जल्दीए बेहतर हो जइहें।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here