जनकवि कैलाश गौतम अपना किसिम के अनोखा कवि

0
945
famous poet, Kailash Gautam, twentieth century, Indian society, rural life
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

जनकवि कैलाश गौतम अपना किसिम के अनोखा कवि रह्नीं । बीसवी सदी के आधुनिक हिंदी गीतिकाव्य के अगर कवनो ठेठ पूर्वी घराना बा, त कैलाश गौतम ओकर प्रतिनिधि कवि अउरी गीतकार रहनीं. ग्रामीण जीवन शैली के उठापटक के उहाँ के अपना कविता अउरी गीतन में बखूबी देखवनीं । उहाँ के गीत आंचलिक बिम्ब से भरल बा। एक ओर जहां कैलाश जी के कविता में अक्खडपन रहल त दूसर ओर गहराई भी रहे. आपन कविता से उहाँ के समाज पर करारा प्रहार करत रहनीं. उहाँ के कविता में समकालीन भारतीय समाज, खासकर ग्राम्य जीवन के झलक साफ दिखाई पड़ेला। गांव गया था, गांव से भागा’, ‘अमवसा क मेला’, ‘सब जैसा का तैसा’, ‘गान्ही जी’ और ‘कचहरी न जाना’ और ‘बाबू आन्हर माई आन्हर’ जइसन उहाँ के बहुत सारा कविता अउरी गीत लोकप्रियता के पैमाना बन गईल। प्रतिनिधि कवि और गीतकार हैं। ऐसे उत्सवों को लेकर किस तरह उत्साह बना उहाँ के बनारसी बोली के श्रेष्ठतम कवि में से एक रहनीं। ‘अमौसा का मेला’ जइसन लोक-संस्कृति के प्रतिनिधित्व करे वाला कविता अद्भुत अउरी अप्रतिम बा। आज हमनीं के इहे कविता पढ़ल जाई.

भक्ति के रंग में रँगल गाँव देखा,
धरम में, करम में, सनल गाँव देखा।
अगल में, बगल में सगल गाँव देखा,
अमौसा नहाये चलल गाँव देखा।

एहू हाथे झोरा, ओहू हाथे झोरा,
कान्ही पर बोरा, कपारे पर बोरा।
कमरी में केहू, कथरी में केहू,
रजाई में केहू, दुलाई में केहू।

आजी रँगावत रही गोड़ देख,
हँसत हँउवे बब्बा, तनी जोड़ देखऽ।
घुँघटवे से पूछे पतोहिया कि, अईया,
गठरिया में अब का रखाई बतईहा।

एहर हउवे लुग्गा, ओहर हउवे पूड़ी,
रामायण का लग्गे ह मँड़ुआ के ढूँढ़ी।
चाउर आ चिउरा किनारे के ओरी,
नयका चपलवा अचारे का ओरी।
अमौसा के मेला, अमौसा के मेला।

मचल हउवे हल्ला, चढ़ाव उतार,
खचाखच भरल रेलगाड़ी निहारऽ।
एहर गुर्री-गुर्रा, ओहर लुर्री-लुर्रा,
आ बीचे में हउव शराफत से बोलऽ

चपायल ह केहु, दबायल ह केहू,
घंटन से उपर टँगायल ह केहू।
केहू हक्का-बक्का, केहू लाल-पियर,
केहू फनफनात हउवे जीरा के नियर।

बप्पा रे बप्पा, आ दईया रे दईया,
तनी हम्मे आगे बढ़े देतऽ भईया।
मगर केहू दर से टसकले ना टसके,
टसकले ना टसके, मसकले ना मसके,

छिड़ल ह हिताई-मिताई के चरचा,
पढ़ाई-लिखाई-कमाई के चरचा।
दरोगा के बदली करावत हौ केहू,
लग्गी से पानी पियावत हौ केहू।
अमौसा के मेला, अमौसा के मेला।

गुलब्बन के दुलहिन चलै धीरे धीरे
भरल नाव जइसे नदी तीरे तीरे।
सजल देहि जइसे हो गवने के डोली,
हँसी हौ बताशा शहद हउवे बोली।

देखैली ठोकर बचावेली धक्का,
मने मन छोहारा, मने मन मुनक्का।
फुटेहरा नियरा मुस्किया मुस्किया के
निहारे ली मेला चिहा के चिहा के।

सबै देवी देवता मनावत चलेली,
नरियर प नरियर चढ़ावत चलेली।
किनारे से देखैं, इशारे से बोलैं
कहीं गाँठ जोड़ें कहीं गाँठ खोलैं।

बड़े मन से मंदिर में दर्शन करेली
आ दुधै से शिवजी के अरघा भरेली।
चढ़ावें चढ़ावा आ कोठर शिवाला
छूवल चाहें पिंडी लटक नाहीं जाला।
अमौसा के मेला, अमौसा के मेला।

एही में चंपा-चमेली भेंटइली।
बचपन के दुनो सहेली भेंटइली।
ई आपन सुनावें, ऊ आपन सुनावें,
दुनो आपन गहना-गदेला गिनावें।

असो का बनवलू, असो का गढ़वलू
तू जीजा क फोटो ना अबतक पठवलू।
ना ई उन्हें रोकैं ना ऊ इन्हैं टोकैं,
दुनो अपना दुलहा के तारीफ झोंकैं।

हमैं अपना सासु के पुतरी तूँ जानऽ
हमैं ससुरजी के पगड़ी तूँ जानऽ।
शहरियो में पक्की देहतियो में पक्की
चलत हउवे टेंपू, चलत हउवे चक्की।

मने मन जरै आ गड़ै लगली दुन्नो
भया तू तू मैं मैं, लड़ै लगली दुन्नो।
साधु छुड़ावैं सिपाही छुड़ावैं
हलवाई जइसे कड़ाही छुड़ावै।
अमौसा के मेला, अमौसा के मेला।

करौता के माई के झोरा हेराइल
बुद्धू के बड़का कटोरा हेराइल।
टिकुलिया के माई टिकुलिया के जोहै
बिजुरिया के माई बिजुरिया के जोहै।

मचल हउवै हल्ला त सगरो ढुँढ़ाई
चबैला के बाबू चबैला के माई।
गुलबिया सभत्तर निहारत चलेले
मुरहुआ मुरहुआ पुकारत चलेले।

छोटकी बिटउआ के मारत चलेले
बिटिइउवे प गुस्सा उतारत चलेले।

गोबरधन के सरहज किनारे भेंटइली।
गोबरधन का संगे पँउड़ के नहइली।
घरे चलतऽ पाहुन दही गुड़ खिआइब।
भतीजा भयल हौ भतीजा देखाइब।

उहैं फेंक गठरी, परइले गोबरधन,
ना फिर फिर देखइले धरइले गोबरधन।
अमौसा के मेला, अमौसा के मेला।

केहू शाल, स्वेटर, दुशाला मोलावे
केहू बस अटैची के ताला मोलावे
केहू चायदानी पियाला मोलावे
सुखौरा के केहू मसाला मोलावे।

नुमाइश में जा के बदल गइली भउजी
भईया से आगे निकल गइली भउजी
आयल हिंडोला मचल गइली भउजी
देखते डरामा उछल गइली भउजी।

भईया बेचारू जोड़त हउवें खरचा,
भुलइले ना भूले पकौड़ी के मरचा।
बिहाने कचहरी कचहरी के चिंता
बहिनिया के गौना मशहरी के चिंता।

फटल हउवे कुरता टूटल हउवे जूता
खलीका में खाली किराया के बूता
तबो पीछे पीछे चलल जात हउवें
कटोरी में सुरती मलत जात हउवें।

अमौसा के मेला, अमौसा के

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here