अक्षरा सिंह फेर केकर बनिहे दुल्हिन

0
1490
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी इंडस्ट्री के खूबसूरत ऐक्ट्रेस अक्षरा सिंह सोशल मीडिया पर काफी ऐक्टिव रहेली। उ अपना लुक के लेके नया-नया एक्सपेरिमेंट करत रहेली। अपना नया लुक के अक्षरा अपना फैन्स के बीच शेयर कईल नाहीं भूलेली। उनकर अलग-अलग अवतार के तस्वीर आउर विडियो के उनकरा फैन्स के काफी इंतजार रहेला।

अक्षरा सिंह
अक्षरा सिंह

हाल ही में आईल अक्षरा सिंह के दुल्हिन अवतार के तस्वीर सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा। एह तस्वीर के अक्षरा सिंह अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पर शेयर कईले बाड़ी। तस्वीर में अक्षरा सिंह दुल्हिन के अवतार में बेहद ग्लैमरस नजर आव ताड़ी। बता दीं कि उनकर इ लुक उनके आवे वाला फिल्म के ह।
अक्षरा तस्वीर में लाल आउर सुनहरा दुल्हन के लिबास में दिखाई दे  ताड़ी। उनकर जूलरी उनके पूरा कम्पलीट लुक देता। अक्षरा सिंह के एह तस्वीर के उनकर फैन्स के बीच काफी पसंद कईल जा रहल बा। एगो फैन त अक्षरा सिंह के खूबसूरती के आगे आम्रपाली दुबे, आउर काजल राघवानी के खूबसूरती के फीका बता देहलस। आपके बता दीं कि अक्षरा के आवाज बहुत अच्छा ह आउर उ कईगो सुपरहिट भोजपुरी गाना गईले बाड़ी।

उ भोजपुरी सिनेमा के लगभग हर बड़हन स्टार के साथे काम कईले बाड़ी जवने में रवि किशन, निरहुआ, पवन सिंह आउर खेसारी लाल यादव शामिल बाडे। एकरा अलावा फिल्‍म के बात करी त उ,”सईया सुपरस्टार” ‘राजा दिलवाला,’ ‘ सत्या ‘ आउर ‘तबादला’ जईसन सुपरहिट फिल्म कईले बाड़ी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here