गोरखपुर में टूटल एशियन रिकॉर्ड, एक संघे 508 लोग लगवले मिट्टी के लेप

0
504
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

नेचुरोपैथी डे पर सोमवार के दिन मिट्टी लेप के एशियन रिकार्ड गोरखपुर में टूट गईल अबहिन ले इ रिकॉर्ड दिल्ली के नाम रहल।

लोग मिट्टी के लेप लगा के
लोग मिट्टी के लेप लगा के

नेचुरोपैथी डे पर सोमवार के मिट्टी लेप के एशियन रिकार्ड गोरखपुर में टूट गइल। अबहिन ले इ रिकॉर्ड दिल्ली के नाम रहल। प्रथम नेचुरोपैथी डे पर पिछला साल दिल्ली में 302 लोग मिट्टी के लेप लगाके एशियन रिकार्ड बनवले रहलन।

लोग करवले मिट्टी लेप

गोरखपुर के आरोग्य मंदिर में कुल 508 लोग मिट्टी लेप कके एगो नया रिकॉर्ड बनवलें। एशियन बुक आफ रिकॉर्ड के डायरेक्टर डॉ विश्वरूप राय चौधरी काउंटिंग कके एकर घोषणा कईलन। उ बतईलन कि आगामी 27 दिसंबर के प्रकाशित होखे वाला 2020 के बुक में इ रिकॉर्ड प्रकाशित होई।

सुबह से लग गईल रहल लोगन के भीड़

सुबह से ही एशियन रिकार्ड तोड़े के खातीर आरोग्य मंदिर में स्कूली बच्चन, महिला, पुरुष आरोग्य मंदिर में पहुँचे लगलन। पुरुष आउर महिला के खातीर मिट्टी लेप लगवले के अलग-अलग व्यवस्था कईल गईल रहल। कुल 160 महिला मिट्टी लेप करईली। आउर पुरुष भी। पौने दो साल के बच्चा कनिष्क हरि इ रिकार्ड तोड़े में आपन सहभागिता निभईलन।

छोट लईका भी लेहलन कार्यक्रम में हिस्‍सा

डॉक्टर विश्वरूप राय चौधरी कहलन एह बच्चा द्वारा एह कार्यक्रम में भाग लेहल अपना आप में एगो बड़ा रिकॉर्ड बा। इ रिकॉर्ड तोड़े के तैयारी पिछला 2 अक्टूबर से ही चालू हो गइल रहे। 10 नवंबर तक हर रविवार आरोग्य मंदिर में लोग के निश्शुल्क मिट्टी लेप कईल जात रहल। 10 नवंबर से 18 नवंबर तक इ प्रक्रिया रोज कर देहल गईल आउर 18 नवंबर के दिल्ली के इ रिकॉर्ड गोरखपुर में तोड़ देहल गइल। आरोग्य मंदिर के निदेशक डॉ विमल मोदी पूरा महानगर के प्रति आभार व्यक्त कईलन। उ कहने कि हर व्यक्ति के सहयोग से इ रिकॉर्ड गोरखपुर के नाम हो पावल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here