दिल्ली में मनावल गईल बिहार दिवस रंगारंग आयोजन

0
535
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

प्रगति मैदान दिल्ली में आयोजित 39वां अंतरराष्ट्रीय व्यापार मेला में 21नवम्बर, गुरुवार के बिहार दिवस मनावल गईल।  एह समारोह के उद्घाटन बिहार के उद्योग मंत्री श्याम रजक, उद्योग विभाग के सचिव नर्मदेश्वर लाल अउरी उपेंद्र महारथी संस्थान के निदेशक अशोक कुमार सिन्हा कइनीं। हंसध्वनि थियेटर में आयोजित एह सांस्कृतिक कार्यक्रम में नीतू कुमारी नवगीत,सत्येंद्र कुमार संगीत,अमर आनंद अउरी उषा कुमारी बिहार के अनेक पारंपरिक लोक गीतन के प्रस्तुति कइल लोग।

नीतू कुमारी नवगीत गंगा मैया के स्तुति करत “मांगीला हम वरदान हे गंगा मैया, कौने रंगे वृंदावनवा कौने रंगे यमुना कौने है रंगे बृजबाला कन्हैया, राजा जनक जी के बाग में अलबेला रघुवर आयो जी,पटना से बैदा बुलाई द हो नजरा गइनीं गुइयाँ जइसन एक से एक गीतन के प्रस्तुति कइलीं। दर्शकन के ताली उहाँ के गीत “राम जी से पूछे जनकपुर के नारी बता दs बबुआ लोगवा देता काहे गारी” पर टूट के बरसल। भोजपुरी रॉकस्टार सत्येंद्र कुमार संगीत “बाल्मीकि ने रची रामायण लवकुश को जाने संसार,ये है मेरा बिहार” गाके कार्यक्रम में चार चांद लगा देहलन। बिदेसिया गीत ” चढ़ती जवनिया बैरन भइलो हमरो से के मोरा हरिहें कलेस रे बिदेसिया, अउरी मश्हूर गीत “अंगूरी में डसले बिया नगिनिया रे ए नन्दी दियरा जरा द” के प्रस्तुति भी सत्येंद्र जी कइलन। दर्शक लोग के मांग पर सत्येंद्र संगीत “गोरिया चाँद के अंजोरिया नियन गोर बाड़ू हो” अउरी “तलवा तलैया हिलोर मारे नया लहरे फ़सलिया ठावे- ठावे” जइसन गीतन के सुंदर प्रस्तुति कइलन। लोकप्रिय गायक अमर आंनद अउरी उषा कुमारी बिहार के एक से बढ़कर एक पारंपरिक गीतन के प्रस्तुति से श्रोता लोगन के झूमा देहल। एह सांस्कृतिक कार्यक्रम के टीम में हरी भूषण झा ऑर्गन पर, कुमार पारस बैंजो पर, पंकज बिष्ट पैड पर अउरी प्रीतम बग्गा ढोलक पर संगत कइल लोग। दिल्ली में बिहारी संस्कृति के ई पेशकश स्वागत योग्य बा।

प्रगति मैदान के बिहार पवेलियन में बिहार के शिल्पकला,हस्तकला अउरी विभिन्न क्षेत्र के कला के सुंदर रूप में प्रस्तुत कइल गईल बा। इहाँ राज्य के विकास यात्रा के देखवला के साथे गांधी जी के चम्पारण सत्याग्रह के 150 वर्ष पूरा भईला के भी बड़ा सजीव रूप से दिखावे के कोसिस भईल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here