सांसद मनोज तिवारी के गोद लिहल गांवन में आदर्श गांव के सपना भईल साकार

0
1180
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आदर्श गांव के सपना देखले रहें प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी

सांसद लोग पीएम के कहला पर गांव त गोद ले लिहलें बाकि इ रस्म अदायगी भर ही रहल। पर कुछ सांसद अइसन बाड़न, जवन आपन मेहनत अउर लगन से उ सपना के साकार करे खातीर दिन रात लागल रहलें। अइसने एक गो सांसद हवन मनोज तिवारी।

उत्तर-पूर्वी दिल्ली से सांसद मनोज तिवारी तीन गांव के गोद लिहलें रहन। सभापुर, चौहाण बांगड़ अउर गुजरान गांव। सांसद महोदय एकरा अलावा भी एगो गांव के गोद लिहले बाड़न जवन वाई-फाई फ्री गांव ह। दिल्ली में इ अइसन पहिला गांव ह जवन वाई फाई फ्री गांव ह।

एगो सर्वे के मुताबिक मनोज तिवारी के गोद लिहल गांव के जायजा लिहल गइल, त पावल गइल कि इ सभन गांवन में आदर्श गांव के सपना साकार भईल बा। इहां के लोग भी मनोज तिवारी के काम के खूब सराह रहल बाड़न।

मोदी के सपनों के आर्दश गांव के अंतर्गत 2019 तक ले 6 लाख गांवन में से 2500 से ज्यादा गांव के आदर्श बनावे के रहे। अउर हर सांसद के 3 गांव गोद लेवे के रहे। बाकी कई सांसद अइसन बाड़न, जवन अभि ले एको गांव के गोद नईखन लेलें।

त आप सबे सुननी सांसद मनोज तिवारी के गोद लिहल गांव के लोगन के जुबानी कि लोग इहां केतना खुश बाड़न। लोग चाहत बाड़न कि सांसद मनोज तिवारी उ पुष्ते से जोड़े वाला सड़क के चौड़ीकरन करावें। हालांकि मनोज तिवारी आपन तरफ से इ रोड खातीर बजट पास कर चुकल बाड़न। अब गेंद केजरीवाल सरकार के पाले में बा।

सांसद मनोज तिवारी भी मान रहल बाड़न कि 75 प्रतिशत काम भईल बा, 25 फीसदी बाकी ह। आदर्श गांव के जनता भी मान रहल बिया कि तिवारी जी इ गांव के कायकल्प क दिहले बाड़न।

अब आप सबे के ले चली उ टर्मिनल पर जहवां सच में आदर्श बा। इ टर्मिनल के सांसद मनोज तिवारी आपन पइसा से बनव्वले बाड़न।

इ टर्मिनल बनला से लोग बहुते गदगद बाड़न। इहां के छात्र खुश ह, युवा खुश ह, यात्रा करे वाला संतुष्ट बा। कुछ लोग इ भी कह रहल बाड़न कि इहां बाथरूम बहुत जरूरी बा। इ छोट-मोट समस्या पर सांसद मनोज तिवारी जनता के पूरा आश्वासन दिहले बाड़न।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here