हमार देश के प्रधानमंत्री काहे भईले भावुक, देश के वैज्ञानिक के दिहले हौसला

0
519
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

तूफानों से डरकर नौका पार ना होवेला आउर कोशिश करे वाला क कभी हार ना होवेला।।

चंद्रयान –2  के लैंडर विक्रम के कदम भले ही चांद के सतह के छूए से एन पहिले ठिठक गइल होवे, लेकिन, अभी भी देश क उम्मीदें खत्म नहीं भइल। पूरा देश एके स्वर में बोल ता कि ISRO  हम तोहरे साथ बानी। वैज्ञानिक और देश के जनता के हौंसला बढ़ावे खातिर पीएम मोदी इसरो मुख्यालय के लोगन के भी संबोधित कइले।

एकरा बाद जब पीएम मोदी ISRO मुख्यालय से बाहर आवत रहले त,  ईसरो चीफ के. सिवन भावुक हो गइलन आउर उनकरा से गले लागकर रोवे लगलन। पीएम उनकरा से गले लागकर उनकर हौसला अफजाई कइलन। एह भावुक पल क एक वीडियो भी खूब वायरल होत बा।  ट्वीटर पर देश से लेकर विदेश तक के लोग उनकर एह कदम के सराहना कर रहल बाड़न।

भावुक के सिवन के हौसला अफजाई खातिर पीएम मोदी क देशे में नाहीं बल्कि विदेश के लोग भी तारीफ कर रहल बाड़न। भारत आउर श्रीलंका क पूर्व इजरायली राजदूत डैनियल कार्मोन भी पीएम मोदी के खुभ सराहना कइलन।  बैंगलुरू के पुलिस कमीश्नर भास्कर राव कहलन कि पीएम मोदी के गले लागल नेतृत्व में शांति‘  क प्रदर्शन बा। उ लिखलन की  पुलिस आयुक्त के रूप में, हम पीएम के उदास डॉ सिवन के सांत्वना देते देखत रहली। कवने तरह से संकट में शांति, वैज्ञानिक समुदाय खातिर विश्वास बहाल करल और राष्ट्र खातिर आशा आउर प्रगति पैदा करल। एक अइसन सबक बा जे आज हम सीखले बानी। हमनी के देश के प्रधानमंत्री प नाज बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here