छत्तीसगढ़ के फनकारन के ‘सोनू के टीटू की स्वीटी’ के म्यूजिक खातिर मिलल IIFA अवॉर्ड

0
456
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

‘सोनू के टीटू की स्वीटी’, सिनेमा त रउआ सभे के याद होई। युवा लोग के ध्यान में रख के बनल इ सिनेमा युवा लोग के बीच बहुते प्रसिद्ध भईल। एह फिल्म में म्यूजिक देबे वाला गायकार सौरभ-वैभव छत्तीसगढ़ से बा लोग।

अंबिकापुर जिला के रहे वाला सौरभ गुप्ता आउर वैभव सिंह सेंगर एह फिल्म के अपना संगीत से सजईले रहे लोग। एह म्यूजिकल जोड़ी के बुधवार रात आयोजित आईफा अवॉर्ड 2019 (IIFA Awards 2019) में सम्मानित कईल गईल। एह साल के आईफा अवॉर्ड में 2018 के बेस्ट म्यूजिक डायरेक्शन के अवॉर्ड खातिर फिल्म सोनू के टीटू की स्वीटी के चुनल गईल। एहमे संगीतकार हनी सिंह, अरमान मलिक, रोचक कोहली, गुरु रंधवा, सौरभ-वैभव के साथ जैक नाइट के भी बेस्ट म्यूजिशियन के अवॉर्ड मिलल। फिल्म इंडस्ट्री के सबसे बड़का अवॉर्ड शो इंटरनेशनल इंडियन फिल्म एकेडमी (IIFA) अवॉर्ड्स बुधवार के आयोजित कईल गईल रहे। आईफा आपन 20 साल पूरे होखे के जश्न मनईले।  सितारों से भरल एह इवेंट में सौरभ गुप्ता आउर वैभव सिंह सेंगर बेस्ट म्यूजिशियन के अवॉर्ड अपना नाम कइले।

सौरभ गुप्ता आउर वैभव सिंह
सौरभ गुप्ता आउर वैभव सिंह

ई कवनो पहिला मौका ना ह जब सौरभ-वैभव अपने प्रतिभा के लोहा मनवईले।  फिल्म निर्देशक गुरिंदर चढ़ा के फ़िल्म Bend It Like Beckham में बतौर म्यूजिक डायरेक्टर काम करे के बाद लोग के नजर में आ के दुनु पॉपुलर भईले। मेलबर्न फिल्म सिटी पुरस्कार (Melbourne Film City Awards), मिर्ची अवॉर्ड (Mirchi Award) के भी दुनु अपने नाम कर चुकल बाड़े।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here