600 साल पुरान लव स्टोरी के साथे हाउसफुल4 के ट्रेलर रिलीज़

0
398
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

600 साल पुरान लव स्टोरी के साथे हाउसफुल सीरीज के चौथा भाग हाउसफुल 4 के ट्रेलर रिलीज़ हो गईल बा। लव स्टोरी के साथ फिल्म में कॉमेडी भी भरपूर  बा। फिल्म में अक्षय के साथे बॉबी देओल, रितेश देशमुख, कृति सेनन, कृति खरबंदा आउर पूजा हेगड़े के अहम भूमिका निभा रहल बाड़ी। हाउसफुल फ्रैंचाइजी के चौथा फिल्म अब तक के सबसे ज्यादा बजट के कॉमेडी फिल्म बांटे। अक्षय कुमार फिल्म में तड़का लगावे खातिर तैयार बाड़े आ साथे अपना ट्विटर पर ट्रेलर आउरी पोस्टर भी पोस्ट कइले बाड़े।

अक्षय के ट्वीट
अक्षय के ट्वीट

फिल्म में हर किरदार के डबल अवतार नजर आ रहल बा। 3 मिनट 36 सेकेंड के ट्रेलर के शुरूआत 600 साल पुरान कहानी से शुरू होता जवना में अक्षय कुमार बॉबी देओल आ रितेश देशमुख आपन प्रेमिका कृति सेनन, पूजा हेगडे आउरी कृति खरबंदा से नईखन मिल पावत। जेकरा बाद ई तीनों के पुनर्जन्म होला आउर सीतमगढ़ में जाकर अक्षय कुमार के पिछले जन्म के बारे में सब याद आ जाला। ऐकरा बाद उ बाकि लोग के पुनर्जन्म के बारे में बतावे ले। कॉमेडी के साथ कैईसे तीनों के आपन प्रेमिका मिलत बाड़ी ई देखे खातिर त पूरा फिल्म के इंतज़ार करे के पड़ी।

ट्रेलर से पहिले फिल्म के स्टारकास्ट के पोस्टर्स रिलीज कईल गईल रहे। जेमें हर किरदार के नाम के डबल अवतार नजर आ रहल बा। साथ ही मोशन पोस्टर भी रिलीज कईल जा चुकल बा। जेमें ट्रेलर के रिलीज डेट के बारे में बतावल गईल बा। फिल्म में 1419 से लेके 2019 तक के कहानी देखे के मिली। फिल्म के फरहाद सामजी डायरेक्ट कईले बाड़े। पहिले ई फिल्म साजिद खान डायरेक्ट करत रहले मगर मीटू के तहत उनका के फिल्म से हटा दिहल गईल रहे। फिल्म में राणा डग्गुबती, जॉनी लिवर आउर चंकी पांडे भी नजर आ रहल बाड़े।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here