सदाबहार शबाना आजमी के जन्मदिन पर जानीं,उनकर खास बात

0
447
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

शबाना आजमी के जन्म 18 सितबंर 1950 के हैदराबाद में भइल| उनकर  पिता मशहूर शायर कैफी आजमी आउर मां शौकत आजमी, जे की एक बेहतरीन थिएटर आर्टिस्ट्स बाड़ी|शबाना आपन शुरुआती पढ़ाई क़्वीन मैरी स्कूल मुंबई से कइली| उ मुंबई के सेंट जेवियर कॉलेज से मनोविज्ञान में स्नातक कइली |फेर पुणे के फिल्म एंड टेलिविजन इंस्टिटीयूट ऑफ इंडिया से एक्टिंग के कोर्स कइली |

शबाना आजमी
शबाना आजमी

शबाना आजमी आपन फिल्मी करियर के शुरुआत साल 1974 में श्याम बेनेगल के फिल्म ‘अंकुर’ से कइली| अपने पहिले ही फिल्म खातिर उनकरा के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल| अर्थ, निशांत, अंकुर, स्पर्श, मंडी, मासूम, पेस्टॅन जी जइसन फिल्म से शबाना ने आपन अभिनय के अमिट छाप दर्शकों पर छोड़ली|

शबाना आउर फिल्ममेकर शेखर कपूर 7 साल तक रिलेशनशिप में रहलन लेकिन बाद में दूनों अलग हो गइलन| शेखर से रिश्ता खत्म होवे के बाद शबाना मशहूर गीतकार आउर राइटर जावेद अख्तर से 9 दिसंबर, 1984 के बियाह कर लेली|अमर अकबर एंथोनी, मैं आजाद हूं, परवरिश जइसन व्यावसायिक फिल्म में अभिनय कर उ आम दर्शक के बीच भी आपन पहुंच बनवली| उहें, बाल फिल्म मकड़ी में उ चुड़ैल के भूमिका निभावत नजर अवली| शबाना के पांच फिल्मफेयर पुरस्कार भी मिलल| 1988 में भारत सरकार उनकरा के पद्म श्री से सम्मानित कइलस| शबाना आजमी राज्यसभा में सांसद भी रहली आउर हमेशा सामाजिक सरोकार के मुद्दा पर आपन आवाज बुलंद करत रहली|  

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here