कैटरीना जईसन दिखे वाली ई एक्ट्रेस मचा रहल बाड़ी Tik-Tok पर धूम

0
521
एलिना राय
एलिना राय
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

एलिना राय नाम के लड़की जे दिखे में बॉलीवुड एक्ट्रेस कटरीना कैफ जईसन बाड़ी उनके विडियो Tik – Tok पर काफी वायरल हो रहल बा।

ई अपना टिकटॉक वीडियो से ज्यादा अपना चेहरा के लेके चर्चा में बाड़ी।काहेकि एलिना राय के टिकटॉक प्रोफाइल आउर इंस्टाग्राम अकाउंट पर कमेंट्स कर रहल लोग, उनके बॉलीवुड एक्ट्रेस कटरीना कैफ के हमशक्ल बता रहल बा। एलिना राय एक्ट्रेस कटरीना कैफ से मिलत-जुलत लहंगा में नज़र आ रहल बाड़ी जवन देख के कटरीना के फैन्स कंफ्यूज़ हो रहल बाड़े।

कैटरीना जईसन दिखे वाली एलिना राय
कैटरीना आ एलिना

एलिना के इंस्टाग्राम पर 30 हज़ार से ज्यादा फॉलोवर्स बा। इनका अकाउंट पर कमेंट कर के केहु ‘लव यू 2 कटरीना ‘ कह रहल बा त केहू कह रहल बा की ‘पोज़ भी कॉपी कर लिया। ‘एलिना मुम्बई के एगो फैशन ब्लॉगर हई।

 

View this post on Instagram

 

A post shared by Alina Rai (@alinarai07) on

ई पहली बार नइखे की जब एगो बॉलीवुड एक्ट्रेस के  हमशक्ल आ लुक-अ-लाइक के फोटो सोशल मीडिया पर छाईल बा। हाल में ही इंडियन क्रिकेटर विराट कोहली के पत्नी अनुष्का शर्मा के भी मिलत-जुलत शक्ल के लड़की पॉपुलर भईल रहे जेकर नाम जुलिया रॉबर्ट्स रहे। पर अनुष्का के लुक अ-लाइक वाली लड़की कवनों आम लड़की ना बल्कि खुद अमेरिकन सिंगर रहली। वोकरा से पाहिले पाकिस्तान में सलमान खान के हमशक्ल घूमते  वायरल भईल रहले। एलिना राय टिकटॉक पर काफी फनी वीडियो बनावेली।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here