सपना चौधरी के जन्मदिन पर जानी उनके खास बात

0
451
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

हरियाणवी डांसिंग क्वीन सपना चौधरी आपन जन्मदिन मना रहल बाड़ी। हरियाणा के रोहतक में पैदा हो के सपना आज एगो स्टार बन गईल बाड़ी। सपना चौधरी ग्लैमर इंडस्ट्री में एगो बड़का नाम बन चुकल बाड़ी। हरियाणा के छोट शहर में स्टेज परफॉर्मेंस से आगे बढ़के बिग बॉस आउर अब फिल्म तक पहुंच चुकल सपना अपना स्टाइल खातिर हमेशा चर्चा में रहेली।सपना अलग-अलग प्लैटफॉर्म पर परफॉर्मेंस देके देशभर में फैनफॉलोइंग बनईली। लेकिन कबो आपना स्टाइल ना बदलली। उनका हर वीडियो में देखेम त सपना हमेशा से सूट सलवार में ही नजर अईहे। 25 सितंबर के सपना आपन जन्मदिन मनाइली। हरियाणा के रोहतक में पैदा भईल सपना आज एगो स्टार बन गईल बाड़ी। आजइंकार स्टाइल भी अलगे बा। आज इनका स्टाइल पर बात करल जाई। शुरुआत में त केहू के पास महंगा-महंगा कॉस्ट्यूम के पैसा ना होला, लेकिन अब अब सपना सब कुछ अफॉर्ड कर सकेली फेर भी सपना सदा अंदाज में रहल पसंद करेली।

सपना चौधरी
सपना चौधरी

एक बार एगो इंटरव्यू में सपना से उनके एह सादे अंदाज आउर सूट-सलवार वाला लुक के बारे में पूछल गईल त एह सवाल पर सपना बहुत ही अच्छा जवाब देहली। सपना कहली कि सूट-सलवार में डांस परफॉर्मेंस के दौरान उ कंफर्टेबल रहेली आ बैकलेस पहिनके परफॉर्म करल उनका निक ना लागेला। काहेकि उनका शो में परिवार भी शामिल होला। एहीसे उ कंफर्टेबल कपड़ा पहिनल पसंद करेली। सपना फिल्म में भी एक्सपेरिमेंट करत आईल बाड़ी- ‘नानू की जानू’ वाला गाना में सपना सूट-सलवार में नजर आईल रहली। ता स्क्रीन पर धीरे-धीरे वह अपने लुक के साथ एक्सपेरिमेंट कर रही हैं।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here