हाथी प सवार होके आ रहल बाड़ी माई दुर्गा

0
548
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

शारदीय नवरातन कई साल के बाद बड़ी निक संयोग लेके आइल बा। नवरातन में मां दुर्गा के उपासना कइलासे मनवांछित  फल के प्राप्ति होला। माई दुर्गा अबके नवरातन, दिन इतवार, हाथी प सवार होके आ रहल बाड़ी। हाथी वाहन प माता  के आगमन से भारी बारिश होला।

अबकी नवरातन पूरा नौ दिन के होखे के चलते एकर संयोग शुभ बा।

जवन बार 9 दिन के नवरात्रि पड़ेला उ शक्ति उपासना खातिर बहुते शुभ मानल जाला। इ खुशहाली के संकेत ह। नवरात्रि के शुरुआत सर्वार्थसिद्धियोग अउर अमृतसिद्धियोग जइसन बहुते खास संयोग में हो रहल बा।

9 दिन के नवरात्रि में दुगो सोमवार पड़ रहल बा। इहो एगो शुभ संयोग ह, काहे की सोमवार के दिने दुर्गा पूजा के महत्व करोड़ गुना फल देवे वाला होला।

सोमवार के स्वामी चन्द्रमा ह। ज्योतिष शास्त्र में चन्द्रमा के सोम कहल गईल बा अउर भगवान शिव के सोमनाथ। एहिसे सोमवार के दिने शक्ति के उपासना गन्ध, पुष्प,धूप, दीप, नैवेद्यादि आदी से पूजन करे से भगवान शिव बहुते प्रसन्न होखे ले।

माँ दुर्गा के प्रस्थान मंगलवार 8 अक्टूबर दशमी तिथि के कुक्कुट (मुर्गा) वाहन से होई। मुर्गा प सवार होके माता के विदा भईला से लोगन में व्याकुलता बढ़ी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here