बिहारी बाबू के बेटी दबंगगर्ल नीलबट्टा सन्नाटा

0
1418
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

पिता शत्रुघ्‍न, भाई लव-कुश, घर के नाम रामायण, पर फिर भी सोनाक्षी के नइखे पता हनुमान जी संजीवनी केकरा खातिर लाईल रहले। मने ई त उहे बात हो गईल की पूरा रामायण हो गईल आ बाबू के इहो नइखे पता की राम के हाई। सोनाक्षी सिन्हा मतलब बिहारी बाबू के बेटी के नइखे पता ई आसान सवाल के जबाब, हनुमान जी केकरा खातिर संजवीनी बुटी ले के आईल रहले।

सोनाक्षी सिन्हा
KBC में अमिताभ के साथ सोनाक्षी आ रुमा

दरअसल शुक्रवार के कौन बनेगा करोड़पति 11 में कर्मवीर स्पेशल ऐपिसोड में राजस्थान के समाज सेविका रूमा देवी हॉट सीट पर अमिताभ बच्चन के सामने बईठल रहली आ रूमा के साथ देबे खातिर उहवा बॉलीवुड एक्ट्रेस सोनाक्षी सिन्हा भी पहुंचल रहली। एह दौरान सोनाक्षी एगो बेहद सरल सवाल के जवाब ना दे पाईलीजेकरा चलते उनका के सोशल मीडिया पर खूब ट्रोल करल जा रहल बा।

अमिताभ बच्चन के शो में सवाल रहे की – रामायण के अनुसार हनुमान जी किसके लिए संजीवनी बूटी लाए थे? आ ऐकर चार जो विकल्प रहे :

A. सुग्रीव   B. लक्ष्मण

C. सीता    D. राम

photo

हनुमान जी केकरा खातिर संजीवनी बूटी लाईल रहले, ई सवाल खातिर सोनाक्षी के लाइफलाइन लेबे के पड़ल।

सोनाक्षी सिन्हा
सोनाक्षी सिन्हा

सोनाक्षी सिन्हा के एह सवाल के जवाब ना पता रहे। एह सवाल खातिर लिए उनका एक्सपर्ट वाला हेल्पलाईन के सहारा लेबे के पड़ल आ तबो सही जवाब ना दे पईली। लेकिन ऐकरा बाद लोग उनकरा के ट्रोल कईल शुरू कईले सब। इहा तक की खाली सोशल मीडिया यूजर्स ना बल्कि खुद शो में अमिताभ बच्चन भी सोनाक्षी के मजाक कर देहले। उ भी सोनाक्षी के कह देहले की , “आपके परिवार में ज्यादातर लोगों के नाम रामायण से रखे गए हैं. आपके अंकल का नाम राम, लक्ष्मण, भरत हैं. आपके भाई लव-कुश और पिता का नाम शत्रुघ्न है. आपके घर जहा आप रहती है का नाम रामायण हैं” फिर भी आपको नहीं पता की हनुमान जी किसके लिए संजवीनी बुटी ले कर आये थे।

सोनाक्षी सिन्हा के सवाल के जवाब ना पता रहे एही से सोनाक्षी एक्सपर्ट वाला लाइफलाइन के सहारा लेली तबो सही जबाब न दे सकली। एकरा बाद लोग इनका के ट्रोल कईल शुरू कर देले।

एगो यूजर लिखले : ‘शत्रुघ्न सिन्हा के भाई राम, लक्ष्मण, भरत और बेटे लव-कुश हैं, ये सभी जिस घर में रहते हैं उसका नाम रामायण है लेकिन इसके बाद सोनाक्षी सिन्हा को इस सवाल का जबाव नहीं पता।

ट्वीट
ट्वीट

दूसरा यूजर लिखले:’वाकई… इन स्टार्स के बच्चों को हमारी संस्कृति के बारे में थोड़ा सा भी ज्ञान नहीं है।’

ट्वीट
ट्वीट

बता दी की सोनाक्षी आज कल दबंद 3 के शूटिंग में व्यस्त चल रहल बाड़ी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here