यूपी दिवस पर योगी जी जनता के दिहलें खास सौगात

0
2227
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

24 जनवरी  के  यूपी दिवस मनावल जाला … यूपी दिवस मनावे खातीर योगी सरकार पूरा तैयारी  कर लीहले बा… जवन कि आज से अगला तीन दिन तक मनावल जाइ… सांस्कृतिक परंपरा अउर धरोहर के बढ़ावा देवे  के मकसद से इ आयोजन कइल जाता … इ  खास मौका प योगी सरकार बहुप्रचारित एक जनपद एक उत्पाद योजना के भी शुभारंभ करीहन…

एकरा साथ ही आज मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अउर उनकर सरकार के मंत्री 51 हजार करोड़ रुपये के योजना के शिलान्यास व लोकार्पण करीहन…

एकरा साथ ही राज्य के अलग अलग जिला में भी  यूपी दिवस मनावल जाइ… अउर उन लोग को सम्मानित कइल जाइ… जेकरा वजह से यूपी के मान दुनियाभर में बढ़इले  बा

UP Divasदरअसल राज्यपाल राम नाईक  वर्ष 2014 में तत्कालीन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से यूपी दिवस मनावे के  आग्रह कइले रहन … राज्यपाल के दलील रहे कि महाराष्ट्र में बसल भारतीय हर साल यूपी दिवस मनावे लन   बाकी यूपी में ही एकरा के ना मनावल जाला  …

हालांकि तब अखिलेश यादव  इ मांग के अनसुना कर दिहले रहन … बाकी योगी सरकार एकरा के  लेके सहमति जतइलन …

उत्तर प्रदेश यानि यूपी के नाम पहले यूनाईटेड प्राविंस रहे… जेकरा के 24 जनवरी, 1950 के बदलकर उत्तर प्रदेश कर दिहल  गइले… अभी तक मुंबई में रहे वाला यूपी वासी यूपी दिवस मनावत रहेलन बाकी अब एकर  जश्न लखनऊ में पहीली दफा मनावल जाता …

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here