आज पूरा देश 69वें गणतंत्र दिवस के धूम धाम से मनावे में जुटल बा…

0
1845
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

गणतन्त्र दिवस हमार राष्ट्रीय पर्व ह जवन प्रति वर्ष 26 जनवरी के मनावल  जाला …

इ  दिन ही भारत के संविधान लागू भइल रहे …  एक स्वतंत्र गणराज्य बनावे अउर देश में कानून के राज स्थापित करे खातीर संविधान के 26 जनवरी 1950 के एगो लोकतांत्रिक सरकार प्रणाली के साथे लागू कइल गइल रहे…

गणतंत्र दिवस.बेहद खास अवसर ह , इ  पूरा देश में बहुत उत्साह के साथे मनावल जाला  अउर हर साल एगो भव्य परेड इंडिया गेट से राष्ट्रपति भवन नई दिल्ली में आयोजित कइल जाला… इस भव्य परेड में भारतीय सेना के विभिन्न रेजिमेंट, वायुसेना, नौसेना सभी शिरकत करेंलन …अउर एकरा जरिए दुनिया भारत के प्रचंड ताकत से रूबरू होखेला …

एकरा अलावा प्रधानमंत्री  अमर जवान ज्योति स्मारक प देश खातीर जान न्यौछावर करे वाला शहीद सैनिक के श्रद्धा सुमन अर्पित भी करेंलन …

इ बार के खास बात रहल की प्रधानमंत्री मुख्य अतिथि के रूप में आसियान देश के दस राष्ट्र प्रमुख के राजपथ स्थित मंच तक ले के अइलन अउर  इ बार आसियान देश के भी झंडा गणतंत्र दिवस के परेड प लहराइल …..

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here