अक्षरा के बाद अब पवन केकरा संगे करत बाड़े रोमांस

0
767
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

पवन सिंह, अक्षरा सिंह के आरोप के चलते जबरदस्त सुर्खियों में रहले। अक्षरा के पवन सिंह से ब्रेकअप के बाद कई चौकाये वाला खुलासा अक्षरा कइले रहली। उ इहो कहली कि पवन सिंह उनका के इंडस्ट्री से निकलवावे के कोशिश भी कइले रहले। हालांकि पवन सिंह के अभी तक इ मामला में कवनों बयान नइखे आईल। अइसन विवाद के बाद भी पवन सिंह के एगो पुरान भोजपुरी गाना जबरदस्त वायरल हो रहल बा। ऐसे त  आए दिन कवनों न कवनों भोजपुरी गाना ट्रेंड करत ही रहेला लेकिन पवन सिंह के इ गाना एहि से वायरल भी हो रहल बा काहेकि ऐ गाना में पवन के साथ अक्षरा ना बल्कि केहु आउर एक्ट्रेस दिखत बाड़ी।

भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के 2017 में रिलीज़ भईल एगो गाना बहुते लोकप्रिय हो रहल बा। एह गाना के यूट्यूब पर जबरदस्त हिट मिल रहल बा। फिल्म ‘सत्या’ के इ गाना “मुँहवा ओढ़नी से बांध के” में पवन सिंह के स्टाइल लोग खूब पसंद करत बा  आउर शायद इहे कारण  बा की गाना के यूट्यूब पर 1.9 करोड़ से ज्यादा बार देखल जा चुकल बा।

अरुण बिहारी के लिखल एह गाना में पवन सिंह के साथ निधि झा बाड़ी। वइसे फिल्म सत्या में अक्षरा सिंह पवन सिंह के साथ नज़र आईल रहली। लेकिन ई गाना में पवन के साथ अक्षरा न बल्कि निधि सिंह नजर आ रहल बाड़ी। सत्या फिल्म पवन सिंह के जबरदस्त एक्शन फिल्म में से एक रहे आ ऐ फिल्म में पवन के साथे अक्षरा मैं रोल में रहली।

पवन सिंह, निधि झा

वैसे त ई फिल्म पवन अउर अक्षरा के लड़ाई से पाहिले शूट कईल गईल रहे। कबो भोजपुरी सिनेमा के हिट जोड़ी माने जाए वाला जोड़ी अब एक दूसरा के साथ काम करल पसंद ना करेला। पवन सिंह आउर अक्षरा के बीच हाथापाई के भी खबर आईल रहे त अब ब्रेकअप के बाद दुनु अभी तक साथे काम नइखन कइले।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here