बिहार के लाल कईलस कमाल, बनाई हॉलीवुड जइसन भोजपुरी सिनेमा

0
1411
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

देखल जाओ त हॉलीवुड के फिल्म में भारत के कइगों हस्ति काम कइले बाड़न, बाकी एगो अइसनों शख्स  बाड़न, जवन ना सिर्फ हॉलीवुड फिल्म में काम कइले बाड़न, बल्कि इतिहास भी रचले बाड़न। फिल्म अभिनेता प्रभाकर शरण के बारे में बहुत कम लोग जानेलन। इ शख्स बिहार के मोतीहारी जिला के रहे वाला बाड़न

प्रभाकर शरण बॉलीवुड फिल्म में काम कइल चाहत रहन , बाकी उनकरा काफी स्ट्रगल के बाद भी इहां काम ना मीलल। फिर भी प्रभाकर हिम्मन ना हरलें अउर लगातार आगे बढ़त गइलन। हॉलीवुड में उनका सबसे पहीले कोस्टा रिका के बड़ पर्दा प काम करे के मौका मिलल। प्रभाकर के हॉलीवुड में पहीला फिल्म (इनटैग्लड )Entangled: The Confusion रहे। जेकरा कि उ हिंदी अउर अंग्रेजी में डब करे के योजना बना रहल बाड़न।

अमेरिकी फिल्म में काम करे वाला इ पहीला भारतीय हवन। उनकर इ फिल्म पिछला साल फरवरी में रिलीज भइल रहे अउर इ फिल्म में उनकर अच्छा प्रदर्शन रहे। विदेश में उ बॉलीवुड फिल्म के तर्ज प हॉलीवुड फिल्म बनवले बाड़न, जवन कि स्पैनिश भाषा में भी बा। अब उ एह फिल्म के भोजपुरी में एक चोर, दो मस्तीखोर के नाम से रिलीज कइल चाहत बाड़न।

प्रभाकर के इ काम के सराहना विदेश में एगो विश्वविद्यालय के मालकिन कइली अउर प्रभाकर के सपना के आपन सपना समझली। साथ ही प्रभाकर के फिल्म बनावे खातीर 1.5 मिलियन डॉलर के मदद भी दिहली।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here